Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gemini: गूगल लॉन्च कइलस Google Gemini एप, खाली इहे लोग कs सकेलें इस्तेमाल

738

कुछ दिन पहिले बार्ड के नाम बदल के जेमिनी रखला के बाद आखिरकार गूगल गूगल जेमिनी ऐप रिलीज कइल शुरू कs देले बा। भारत में एंड्रॉयड यूजर खातिर गूगल जेमिनी के रोलआउट शुरू हो गईल बा, हालांकि आईओएस यूजर के एs ऐप के बहुत इंतजार करे के पड़ सकता, काहेंकी गूगल अबे ले इs नईखे बतवले कि उs आईफोन यूजर खातीर गूगल जेमिनी ऐप कब जारी करी।

गूगल जेमिनी 150 देशन में भईल लॉन्च

गूगल के सपोर्ट पेज पs दिहल जानकारी के मुताबिक भारत समेत 150 देश में गूगल जेमिनी ऐप लॉन्च भईल बा। जेमिनी ऐप फिलहाल अंग्रेजी, कोरियन अवुरी जापानी भाषा में उपलब्ध बा। आईफोन यूजर एs ऐप के माध्यम से गूगल जेमिनी के इस्तेमाल नईखन कs सकत, लेकिन एकरा तक पहुंच गूगल ऐप में दिहल गईल बा, जहां से आईफोन यूजर भी एकर इस्तेमाल कs सकतारे।

गूगल जेमिनी 8 फरवरी के लॉन्च भईल रहे लेकिन इs सिर्फ अमेरिका तक सीमित रहे। जेमिनी एप्प में कम से कम 4 जीबी रैम वाला फोन के जरूरत होई अवुरी फोन में एंड्रॉयड 12 चाहे ओकरा से ऊपर के वर्जन के फोन होखे के चाही।

जेमिनी के डिफ़ॉल्ट सहायक बना सकत बानी

•सबसे पहिले गूगल प्ले स्टोर पs जाके गूगल जेमिनी टाइप कs के सर्च करीं।

•अब Gemini एप के इंस्टॉल करीं।

•अब Gemini ऐप खोल के Get started पs क्लिक करीं।

•एकरा बाद पॉलिसी के स्वीकार करीं।

•अब रउरा एकर इस्तेमाल कs सकीलें आ आपन सवाल पूछ सकीलें।

•Gemini ऐप के डिफ़ॉल्ट सहायक बनावे खातिर ऊपर दाहिना ओर देखावल प्रोफाइल चित्र पs क्लिक करीं।

•अब सेटिंग्स में जाईं।

•अब गूगल से Digital assistants from Google के विकल्प पs क्लिक करीं।

•एकरा बाद जेमिनी आपके फोन खातीर डिफ़ॉल्ट डिजिटल असिस्टेंट बन जाई।

• बाद में अगर रउआँ चाहत बानी तs एकरा के डिफ़ॉल्ट से भी ओही तरीका से हटा सकत बानी।

Google Gemini का होला?

गूगल जेमिनी भी ओपनएआई के चैटजीपीटी नियर एगो एआई चैटटूल हवे। Google Gemini के बारे में कहले बा कि इs एगो नाया युग के शुरुआत बा। एकर सीधा मुकाबला ओपनएआई के नवीनतम एआई टूल जीपीटी-4 से बा। गूगल के जेमिनी मल्टीमोडल एआई अवुरी बेसिक एआई के कॉम्बो वर्जन हs। Google Gemini के बारे में दावा कईल जाता कि ओकरा प्रोग्रामिंग में विशेषज्ञता बा। इs अपना प्रतियोगी मॉडल से दुगुना तेज बा अवरू एकर प्रदर्शन बाजार में उपलब्ध एआई मॉडल से 85% बेहतर बा।

Google Gemini के तीन गो मॉडल 

गूगल अपना नाया आईफोन मॉडल जेमिनी, अल्ट्रा, प्रो, नैनो के तीन संस्करण पेश कईले बा जवन कि तीन अलग-अलग इस्तेमाल खातीर बा। Google Gemini कवनो एक भाषा के मॉडल ना हs लेकिन Gemini Nano, Gemini Pro अवुरी Gemini Ultra के आपन जरूरत बा।

एह में से जेमिनी अल्ट्रा सबसे बड़ अवुरी शक्तिशाली टूल बा जवन कि भारी काम खातीर खास तौर पs बनावल गईल बा। एकर इस्तेमाल डाटा सेंटर जईसन जगह पs होई, जबकि जेमिनी प्रो अल्ट्रा के बराबर नईखे लेकिन एकर इस्तेमाल छोट डाटा सेंटर में कईल जा सकता।

एहमें से सबसे छोट मॉडल जेमिनी नैनो बा जवना के एंड्रॉयड डिवाइस के ध्यान में राखत डिजाइन कईल गईल बा। एकर इस्तेमाल ऑफलाइन भी कईल जा सकता। मोबाइल डिवाइस में एकर इस्तेमाल से कई गो काम कइल जा सके ला। जेमिनी नैनो सपोर्ट सबसे पहिले गूगल पिक्सेल 8 प्रो खातीर जारी कईल जाई। इs टूल व्हाट्सएप के मैसेज के भी स्वचालित रूप से जवाब दिही।

 

 

742670cookie-checkGemini: गूगल लॉन्च कइलस Google Gemini एप, खाली इहे लोग कs सकेलें इस्तेमाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.