LuLu Group एह सिटी में बने जा रहल बा सबसे बड़ मॉल, इs शहर भी लिस्ट में शामिल

Minee Upadhyay
LuLu Group

देश के प्रमुख शॉपिंग मॉल, हाइपरमार्केट अवुरी रिटेल कंपनी लुलु ग्रुप इंटरनेशनल जल्दिए अपना कारोबार के विस्तार करे वाली बिया। एह विस्तार के तहत लुलु ग्रुप महाराष्ट्र के नागपुर में एगो नया प्रोजेक्ट पs काम कर रहल बा. लुलु ग्रुप के अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक एम.ए. यूसुफ अली बतवले कि उs आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम अवुरी गुजरात के अहमदाबाद समेत बहुत शहर में अपना विस्तार के योजना बनावे के शुरुआती दौर में बाड़े। उs कहले कि, हमनी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गतिशील नेतृत्व में भारत के पांच खरब अमेरिकी डॉलर के अर्थव्यवस्था बने के सफर के हिस्सा बनल चाहतानी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

लुलु के नया मॉल अहमदाबाद के सबसे बड़ मॉल में शामिल होई

उs आगे कहले कि, “हमनी के अब अहमदाबाद में एगो शॉपिंग मॉल बनावत बानी जवन कि एs शहर के सबसे बड़ शॉपिंग मॉल में से एगो होई। एकरा अलावे विशाखापत्तनम के एगो अवुरी मॉल खातीर बातचीत शुरू हो गईल बा। एकरा अलावे हमनी के नागपुर में एगो नाया परियोजना खातीर आर्किटेक्चरल प्लानिंग के शुरुआती दौर में बानी।”

महाराष्ट्र के नागपुर लुलु ग्रुप के प्राथमिकता में शामिल बा

महाराष्ट्र के नागपुर शहर लुलु ग्रुप खातिर विशेष फोकस क्षेत्र के रूप में उभरल बा। उs कहले कि, नागपुर हमनी के प्राथमिकता में से एगो बा अवुरी हमनी के फिलहाल उहाँ अपना विस्तार के शुरुआती योजना के दौर में बानी। यूसुफ अली एएनआई से बात करत कहले कि भारत अवुरी कतार के भाईचारा संबंध बा। हमनी के खुद हमनी के प्रधानमंत्री हवाई अड्डा पs कतर के अमीर के स्वागत करत देखनी, जवन कि एs बंधन के मजबूती के दर्शावता। भारत के विकास तेजी से हो रहल बा आ कतर एकर प्रमुख साझेदारन में से एगो बा। कतर एआई, डिजिटलाइजेशन, आईटी, फूड प्रोसेसिंग अवुरी फूड सिक्यॉरिटी समेत अलग-अलग क्षेत्र में निवेश कईल चाहता।

इहो पढ़ीं: खाना बनावत-बनावत रोवे लगली ‘पवित्र रिश्ता’ के ‘ऊषा ताई’, बोलली- ‘घर में रहे के…’

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।