[the_ad_group id="30365"]

समाजवादी पार्टी के संरक्षक मुलायम सिंह यादव के पत्नी साधना गुप्ता के निधन, मेदांता में लीहली अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के संस्थापक आ पूर्व मुख्यमंत्री मुलायम सिंह के पत्नी साधना गुप्ता के शनिचर का दिने निधन हो गइल. मुलायम सिंह यादव के पत्नी साधना गुप्ता के मौत के बाद उनुकर लाश हवाई जहाज के माध्यम से लखनऊ ले जाइल जाता। गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में इलाज के दौरान साधना गुप्ता के निधन हो गईल। उनुका फेफड़ा में संक्रमण के शिकायत रहे, जवना के बाद उनुका के मेदांता में भर्ती करावल गईल।

बतावल जाता कि पछिला सप्ताह शूगर समेत बहुत प्रकार के बेमारी के चलते साधना गुप्ता के मेदान्ता अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे। जहां आज उनुकर मौत हो गईल। उहाँ मुलायम सिंह यादव भी मौजूद बाड़े| साधना गुप्ता मुलायम सिंह के दूसरकी पत्नी हई। साधना के एगो बेटा प्रतीक यादव बाने। प्रतीक के बियाह अपर्णा यादव से भइल बा. अपर्णा यादव भाजपा के नेता हई। अपर्णा यादव सपा छोड़ के 2022 के यूपी विधानसभा चुनाव से पहिले भी भाजपा में शामिल हो गईले।

एकरा संगे-संगे साधना गुप्ता के बेटा प्रतीक यादव रियल एस्टेट के कारोबारी हवे। प्रतीक यादव राजनीति में सक्रिय नइखन. हालांकि उनुकर पत्नी अपर्णा यादव राजनीति में उतरली। अपर्णा यादव साल 2017 में लखनऊ के कैंट सीट से विधानसभा चुनाव लड़ चुकल बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]