Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ: सपा कार्यालय के बाहर लागल पोस्टर, युवजन सभा के नेता संतोष सिंह लगवले बानें ई पोस्टर

412
Google Ads 300*250 for posts

राजधानी लखनऊ में सपा कार्यालय के बाहर पोस्टर लागल बा। एह पोस्टर पर लिखल बा कि ओम प्रकाश राजभर के समाजवादी पार्टी के कार्यालय में अइले पs रोक बा। ई पोस्टर सपा युवजन सभा के नेता संतोष सिंह लगवले बानें।

सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर लगातार सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के खिलाफ बयानबाजी कर रहल बानें। बतावल जा रहल बा कि एके देखत सपा नेता ई पोस्टर लगवले बानें।

राजभर सपा के संगे मिलकर यूपी में 2022 के विधानसभा चुनाव लड़ले रहनें लेकिन चुनाव में सफलता नाइ मिलल। एकरे बाद राजभर भाजपा के नजदीक जात नजर अइलें। अब ऊ खुल के अखिलेश यादव के खिलाफ बयानबाजी कs रहल बानें।

422060cookie-checkलखनऊ: सपा कार्यालय के बाहर लागल पोस्टर, युवजन सभा के नेता संतोष सिंह लगवले बानें ई पोस्टर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.