महाराष्ट्र: सीमा विवाद पर विधानसभा में प्रस्ताव पास, शिंदे बोलनें- महाराष्ट्र में शामिल होखे कर्नाटक के 865 गांव

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2022

महाराष्ट्र अउर कर्नाटक के बीच जारी सीमा विवाद के बीच मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे आजु विधानसभा में प्रस्ताव पेश कइलें। एह प्रस्ताव के सदन में सर्वसम्मति से पास कइल गइल। ऊ कहनें, कौनहूँ परिस्थिति में महाराष्ट्र

Share

महाराष्ट्र अउर कर्नाटक के बीच जारी सीमा विवाद के बीच मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे आजु विधानसभा में प्रस्ताव पेश कइलें। एह प्रस्ताव के सदन में सर्वसम्मति से पास कइल गइल। ऊ कहनें, कौनहूँ परिस्थिति में महाराष्ट्र के बेलगाम, कारवार, निपानी, भालकी, बीदर शहर अउर कर्नाटक के 865 मराठी भाषी गांव के शामिल करे खातिर सब जरूरी कानूनी कार्रवाई सुप्रीम कोर्ट में कइल जाई।

शिंदे कहनें, केंद्र सरकार के केंद्रीय गृह मंत्री के संगे बैठक में लिहल गइल निर्णय के लागू करे खातिर कर्नाटक सरकार से अपील करे के चाहीं अउर सीमावर्ती क्षेत्र में मराठी लोग के सुरक्षा के गारंटी देवे के चाहीं।

एहसे पहिले डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीस उम्मीद जतवले रहनें कि ई प्रस्ताव बहुमत से पारित होई। एकरे सथही ऊ शिवसेना नेता अउर पूर्व सीएम उद्धव ठाकरे पs पलटवार कइलें।

फडणवीस उद्धव ठाकरे पर नाम लिहले बगैर पलटवार करत कहनें, ‘हम हैरान बानीं कि जौन लोग काल्ह बोलत रहनें, ऊ 2.5 साल सीएम रहत में काहें कुछ नाइ कइलें। सीमा विवाद हमनी के सरकार बनले के बाद त पैदा नाइ भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.