लखनऊ : चारबाग आउटर स्टेशन पs वंदे भारत पs भइल पथराव, शीशा टूटनला से सहमलें यात्री, ममिला भइल दर्ज

Vande Bharat train window shattered after stone pelting near Charbagh station in Lucknow

Share

लखनऊ : वंदे भारत एक्सप्रेस पs शरारती तत्व फेर पथराव कs देलें सs। आनंदविहार जा रहल वंदे भारत पs लखनऊ आउटर पs पथराव कइल गइल, जवना से चेयरकार बोगी के यात्री सहम गइल लो। ई हाल तब बा, जब वंदे भारत एक्सप्रेस के निगरानी सीसीटीवी कैमरन से होला। आरपीएफ एह कैमरन के मदद से कइयन गो पत्थरबाजन के गिरफ्तार कs चुकल बिया।

आइल दिन प्रयागराज आ मेरठ में एह ट्रेन पs पत्थरबाजी के ममिला सामने आ रहल बा। अब लखनऊ में अइसन घटना सामने आइल बा। गाड़ी संख्या 22425 अयोध्या-आनंदविहार वंदे भारत एक्सप्रेस सनीचर सांझ के चारबाग से रवाना भइल। ट्रेन आलमबाग पश्चिम केबिन के लगे पहुंलही रहे कि बोगी सी-11 के सीट संख्या 30, 31 आ 32 के सामने वाला खिड़की पs पत्थर चला दिहल गइल। एकरा चलते चेयरकार बोगी सी-11 के शीशा टूट गइल। यात्री निर्मेष एकर शिकायत आरपीएफ कंट्रोल रूम में दर्ज करवलें। आरपीएफ ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया।

शताब्दी के गेट बंद

लखनऊ जंक्शन से नई दिल्ली जाये वाली वीआईपी ट्रेन शताब्दी एक्सप्रेस में सनीचर के ऑनबोर्ड हाउसकीपिंग कर्मचारियन के लापरवाही के कारण गेट ना खुलल। एकरा चलते बहुत देर तक 600 यात्री बारिश के बीच प्लेटफॉर्म पs खड़ा रहल लो। यात्री कृष्ण कुमार रेलवे प्रशासन से एकर शिकायत कइले बाड़ें।

सीट ना, तबो भइल रिजर्वेशन

लखनऊ-वाराणसी शटल ट्रेन के चेयरकार बोगी सी-2 में दु सीटन के फीडिंग ऑनलाइन गलत दर्ज हो गइल। बतावल जा रहल बा कि ई दिक्कत कई दिन से बा। एकरा चलते यात्रियन के सीट संख्या 74 आ 75 आवंटित कs दिहला जाला, बाकिर जब यात्री ट्रेन में पहुंचे ला लो तs ओह लोगन के सीट ही ना मिले। पता चलेला कि ई सीट तs हइये नइखे। यात्री सुनव बासु बिस्वास उत्तर रेलवे प्रशासन से एकर शिकायत कइले बाड़ें।

Read Also: UP : एक लाख के इनामी ‘साइको किलर’ संदीप मुठभेड़ में ढेर, ट्रक चालकन के हत्या कs के करत रहे लूट, सिपाही घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-