[the_ad_group id="30365"]

UP : एक लाख के इनामी ‘साइको किलर’ संदीप मुठभेड़ में ढेर, ट्रक चालकन के हत्या कs के करत रहे लूट, सिपाही घायल

Psycho killer Sandeep killed in UP police encounter after truck driver murders and loot
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बागपत : जनपद में यमुना किनारे मवीकलां क्षेत्र के लगे अतवार के रात एसटीएफ आ पुलिस के संगे मुठभेड़ में एक लाख रुपिया के इनामी बदमाश संदीप लोहार मारल गइल। हरियाणा के रोहतक जिला के भैणी महाराज गांव के रहे वाला ई अपराधी हाईवे पs ट्रक चालकन के मारके लूट के वारदातन के अंजाम देत रहे।

संदीप 15 मई के रात कानपुर के पनकी इलाका में चार करोड़ रुपिया के निकिल प्लेट से भरल ट्रक के लूट लेले रहे। तबे से उ फरार चलत रहे आ ओकरा पs एक लाख रुपिया के इनाम घोषित कइल गइल रहे। पुलिस के अतवार के बागपत के मवीकलां इलाका में संदीप के मवजूदगी के सूचना मिलल।

एसपी सूरज कुमार राय बतवलें कि STF आ पुलिस टीम यमुना पुश्त पs पहुंचल, जहां बदमाश संदीप से मुठभेड़ हो गइल। जवाबी फायरिंग में संदीप के गोड़ आ छाती में गोली लागल, जवना से ओकर मवके पs मौत हो गइल। घटनास्थल से पिस्टल, बाइक आ कारतूस बरामद कइल गइल।

एह मुठभेड़ में एसटीएफ के सिपाही सुनील कुमार घायल हो गइलें, जिनका के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

संदीप के खिलाफ हरियाणा आ यूपी में कुल 16 मुकदमा दर्ज बा, जेमे चार हत्या के बा। उ ट्रक चालकन के हत्या कs के लूट करत रहे आ विरोध कइला पs बेरहमी से जान ले लेत रहे, जवना के चलते पुलिस ओकरा के ‘साइको किलर’ कहत रहे।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]