बाड़मेर : पानी के टंकी में मिलल पति-पत्नी आ दु लईकन के शव, हत्या भा सुसाइड; जांच में जुटल पुलिस

By Shweta Supriya

Published on: Jul 2, 2025

जोधपुर। राजस्थान के बाड़मेर में पानी के टंकी से एके परिवार के चार लोगन के शव मिलल बा। घटना मंगर रात के बतावल जा रहल बा। मृतकन में पति-पत्नी आ ओह लोगन के दुगो लइला

Share

जोधपुर। राजस्थान के बाड़मेर में पानी के टंकी से एके परिवार के चार लोगन के शव मिलल बा। घटना मंगर रात के बतावल जा रहल बा। मृतकन में पति-पत्नी आ ओह लोगन के दुगो लइला सामिल बा। घटना के जानकारी मिलला पs बाड़मेर के शिव थाना पुलिस मवका पs पहुंचके जांच सुरू कइल।

एफएसएल आ एमओबी टीमन के मौका पऽ बुलावल गइल। चारो शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल। घटना के बाद बाड़मेर के उण्डू गांव में शोक के लहर बा।

चार शवन के भइल शिनाख्त

बाड़मेर पुलिस से मिलल जानकारी के अनुसार, बाड़मेर के शिव थाना क्षेत्र के उण्डू गांव में चार लोगन के शव पानी के टंकी में होखला के सूचना मिलल। मवका पऽ पहुंचल पुलिस के शिवलाल ( 35 ) पुत्र नगाराम निवासी उडू , पत्नी कविता ( 32 ), 8 आ 9 साल क बेटा रामदेव आ बजरंग के शव घर के बाहर खेत में बनल टैंक में मिलल।

घर में ना मिलल लोग

जानकारी में सामने आइल बा कि मंगर दुपहरिया से दुनो पति-पत्नी के फोन बंद आवत रहे, जवना के बाद शिवलाल के भाई अपना इहां काम करे वाला मजदूर के उनका इहा भेजले। मजदूर के पहुंचला पs ओकरा उहां केहू नजर ना आइल। एकरा बाद परिजन आउर लोगन से परिवार के बारे में जानकारी जुटावल।

टंकी में मिलल शव

सभका के एक साथे ना मिलला पs तलाश में घर के बाहर खेत में बनल पानी के टंकी में सभकर शव नजर आइल। जवना के बाद सनसनी भरल माहौल में आउर लोगन के इत्तला देके पुलिस के सूचित कइल गइल।।घटना के जानकारी मिलला पs पूरा उण्डू गांव में शोक के लहर बा।

पुलिस करत बिया जांच

हालांकि, पहिला नजर में ममिला सुसाइड के लागत बा, बाकिर पुलिस सब पहलुअन के ध्यान में रखके जांच करत बिया। मृतका कविता के बाड़मेर के बायतु में मायका के परिवार के लोगन के पुलिस सूचित कइलस। मृतक शिवलाल के पिता नगाराम आ माता साथ में रहेला लो, बाकिर घटना के समय पिता बाड़मेर गइल रहलें आ मां छोट बेटा मांगीलाल के इहवां गइल रहली। पुलिस के जांच जारी बा।

Read Also: Corona Vaccine: ‘कोरोना वैक्सीन आ अचानक होखे वाली मौतन के बीच कवनो संबंध ना’, ICMR-AIIMS के शोध में दावा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.