LS Polls: प्रधानमंत्री मोदी उत्तर प्रदेश में तीन रैली गो के संबोधित करीहे, अमित शाह ओडिशा-झारखंड में रहीहें

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज उत्तर प्रदेश आ महाराष्ट्र में अलग अलग चुनावी कार्यक्रमन के संबोधित करीहें । पीएम मोदी उत्तर प्रदेश में तीन गो रैली के संबोधित करीहें । एकरा संगे-संगे केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह आज ओडिशा, उत्तर प्रदेश आ झारखंड के दौरा करीहे।

पीएम मोदी आज उत्तर प्रदेश में तीन गो रैली के संबोधित करीहें । एकरा अलावे प्रधानमंत्री महाराष्ट्र में जनसभा के भी संबोधित करीहे। भाजपा के मुताबिक प्रधानमंत्री के पहिला जनसभा सुबह 11.15 बजे यूपी के बाराबंकी में होई। एकरा बाद पीएम मोदी दुपहरिया करीब एक बजे फतेहपुर में चुनावी रैली करीहें । दिन के तीसरका रैली हमीरपुर में प्रस्तावित बा। पीएम मोदी दुपहरिया तीन बजे हमीरपुर में चुनावी रैली कर के महाराष्ट्र रवाना हो जइहें । भाजपा के ओर से जारी कार्यक्रम के मुताबिक, प्रधानमंत्री मोदी सांझ के करीब 6.45 बजे मुंबई दक्षिण-मध्य में होखेवाला चुनावी सभा के संबोधित करीहे।

अमित शाह ओडिशा-झारखंड में रहीहें

गृहमंत्री अमित शाह भी जोरदार चुनाव प्रचार करीहे। भाजपा के ओर से जारी कार्यक्रम के मुताबिक शाह उत्तर प्रदेश, ओडिशा आ झारखंड के दौरा करीहे। शाह के पहिला जनसभा अमेठी में होई। एकरा बाद शाह ओडिशा खातिर रवाना हो जइहें । शाह ओडिशा के रौरकेला में जनसभा करीहें । इ सीट सुंदरगढ़ लोकसभा क्षेत्र में आवेला। दिन के आखिरी चुनावी कार्यक्रम में शाह झारखंड के राजधानी रांची में रोड शो करीहें ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-