बहुमत ना आई त प्लान B तैयार होई? अमित शाह , केजरीवाल के चुनाव प्रचार प बड़ बात कहले

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2024

अमित शाह के साक्षात्कार : गृहमंत्री अमित शाह समाचार एजेंसी एएनआई के साक्षात्कार देले बाड़े। एह दौरान उ बहुत सवाल के जवाब देले बाड़े। ‘का भाजपा के बहुमत के निशान पे ना पहुंचे के स्थिति

Share

अमित शाह के साक्षात्कार : गृहमंत्री अमित शाह समाचार एजेंसी एएनआई के साक्षात्कार देले बाड़े। एह दौरान उ बहुत सवाल के जवाब देले बाड़े। ‘का भाजपा के बहुमत के निशान पे ना पहुंचे के स्थिति में कवनो प्लान बी बा?’ एकर एगो रोचक जवाब उहाँ के देले बानी।

लोकसभा चुनाव का बीच देश के गृहमंत्री अमित शाह समाचार एजेंसी एएनआई के साक्षात्कार दिहले बाड़न । एह दौरान उ बहुत सवाल के जवाब देले बाड़े। ‘का भाजपा के बहुमत के निशान ना चहुँपे के हालत में कवनो प्लान बी बा?’ अमित शाह एह सवाल के बहुते रोचक जवाब दिहले बाड़न । उ कहले बाड़े कि ‘प्लान बी तबे बनावे के जरूरत बा जब प्लान ए (सफल होखे के संभावना 60% से कम होखे)। हमरा पूरा विश्वास बा कि पीएम मोदी भारी बहुमत से सत्ता में अइहें…’

दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के चुनाव प्रचार प केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह कहले कि, ‘एगो मतदाता के तौर प हमार मानना बा कि उ जहां जइहे, लोग के शराब घोटाला के याद आई…दिल्ली में बहुत लोग के बड़ बोतल देखाई दिही।’ अरविंद केजरीवाल के बयान में ‘हमरा के वोट देब त हमरा जेल ना जाए के पड़ी’, उ कहले कि, ‘सुप्रीम कोर्ट के एकरा से बड़ तिरस्कार नइखे हो सकत। का सुप्रीम कोर्ट (चुनाव) जीत-हार के फैसला करी?’

भाजपा के ‘400 पार’ आ संविधान बदले के अटकलबाजी प गृहमंत्री कहले कि, ‘पिछला 10 साल से संविधान बदले खातीर हमनी के लगे बहुमत बा।’ कबो अइसन ना भइल…हमार पार्टी के बहुमत के दुरुपयोग के इतिहास नइखे। बहुमत के दुरुपयोग के इतिहास, कांग्रेस इंदिरा गांधी के समय में कइले रहे।

साभार : ANI

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.