[the_ad_group id="30365"]

भारतीय समुदाय से मिले खातिर उत्सुक बानीं…’ प्रधानमंत्री मोदी रूस-ऑस्ट्रिया के तीन दिवसीय यात्रा पऽ रवाना भइलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PM Modi Russia Visit प्रधानमंत्री मोदी 8-9 जुलाई के मॉस्को की यात्रा पs रहिहें। एह दौरान उऽ राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन मॉस्को में 22वां भारत-रूस वार्षिक शिखर सम्मेलन में भाग लीहें। एकरा बाद पीएम मोदी 9 जुलाई के ऑस्ट्रिया जइहें। ऑस्ट्रिया में उऽ राष्ट्रपति अलेक्जेंडर वान डेर बेलन से मुलाकात करिहें एकरा साथही पीएम ऑस्ट्रियाई चांसलर कार्ल नेहमर से बातचीत करिहें।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के रूस आ ऑस्ट्रिया के अपना तीन दिवसीय आधिकारिक यात्रा पs रवाना हो गइलें। अपना यात्रा के जानकारी देत घरी पीएम मोदी एक्स पs कहलें कि अगिला तीन दिन में हम रूस आ ऑस्ट्रिया में रहब। ई यात्रा एह देशन के साथे संबंधन के आउर मजबूत करे के एगो शानदार अवसर होई, जेकरा साथे भारत के पुराना दोस्ती बा। हम इहाँ रहे वाला भारतीय समुदाय के साथे बातचीत करे खातिर  उत्सुको बानीं।

बता दी कि प्रधानमंत्री मोदी 8-9 जुलाई के मॉस्को की यात्रा पs रहिहें। एह दौरान उऽ राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन मॉस्को में 22वां भारत-रूस वार्षिक शिखर सम्मेलन में भाग लीहें। एकरा बाद पीएम मोदी 9 जुलाई के ऑस्ट्रिया जइहें। ऑस्ट्रिया में उऽ राष्ट्रपति अलेक्जेंडर वान डेर बेलन से मुलाकात करिहें एकरा साथही पीएम ऑस्ट्रियाई चांसलर कार्ल नेहमर से बातचीत करिहें।

दुनु देशन के बीच आर्थिक संबंधन में जबरदस्त सुधार- जयशंकर

ओहिजा, प्रधानमंत्री मोदी के मॉस्को में पुतिन से मोलाकात से पहिले विदेश मंत्री एस जयशंकर ने कहले कि दुनु देशन के बीच आर्थिक संबंधन में जबरदस्त सुधार भइल बा। ई रूस के साथे संबंधन में सबसे बड़ बदलाव भइल बा। उऽ कहले कि ई पीएम नरेंद्र मोदी आ रूसी राष्ट्रपति पुतिन खातिर बइठ कर संबंधन पs चर्चा करे के एगो शानदार अवसर होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]