पांचवा फेज में केतना फीसदी वोटिंग भइल? चुनाव आयोग जारी कs दिहलस डाटा

Share

 

भारत में लोकसभा चुनाव 2024 अब कुछ दिन में खतम हो जाई. पांचवा चरण के तहत समार 20 मई 2024 के मतदान भईल। एह चरण में देश के 8 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश के कुल 49 सीट पs मतदान हो चुकल बा। चुनाव आयोग देर रात के सूचना देले बा कि रात के 11.30 बजे तक पांचवा चरण के चुनाव में 60.09 प्रतिशत मतदान भईल बा। हालांकि ई आंकड़ा अबहियों अनुमानित बा. आयोग कुछ दिन में पूरा आंकड़ा जारी करी।

कहाँ आ केतना मतदान भइल?

लोकसभा चुनाव के पांचवा चरण में बिहार के 5 सीट पs 54.85 प्रतिशत, जम्मू कश्मीर के 1 सीट पs 56.73 प्रतिशत, झारखंड के 3 सीट पs 63.07 प्रतिशत, लद्दाख के 1 सीट पs 69.62 प्रतिशत, 13 सीट पs 54.29 प्रतिशत, महाराष्ट्र के 13 सीट पs 54.29 फीसदी, ओडिशा के 5 सीट पs 67.59 फीसदी, पश्चिम बंगाल के 7 सीट पs 74.65 फीसदी आ उत्तर प्रदेश के 14 सीट पs 57.79 फीसदी रहल. मतलब एक बेर फेरु पश्चिम बंगाल में सबले बेसी मतदान भइल.

चुनाव आयोग का बतवलस?

चुनाव आयोग के कहनाम बा कि पांचवा चरण के चुनाव में रात के 11.30 बजे ले 60.09% मतदान दर्ज भईल बा। चुनाव आयोग के कहना बा कि ई आंकड़ा अबहियो अनुमानित बा. जवन डाटा साझा कईल गईल बा ओकरा के फील्ड ऑफिसर सिस्टम में भेज देले बाड़े। कुछ मतदान केंद्र से आंकड़ा आवे में समय लागी। एकरा संगे बैलट पेपर के भी एs आंकड़ा में शामिल नईखे कईल गईल।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-