Lok Sabha Election 2024: ‘कांग्रेस ना रहित तऽ देश में कुछु ना होइत….’ संजय राउत काहें अइसन कहले?

Share

Lok Sabha Election 2024 कांग्रेस के लेके भाजपा के हमला के बाद संजय राउत पलटवार कइले बाड़े। देश के एकजुट राखे के श्रेय कांग्रेस के देत राज्यसभा सांसद कहले कि जदि कांग्रेस ना रहित तऽ देश के आजादी ना मिलित देश मे नेतृत्व ना मिलित आज हमनी के विज्ञान आ विज्ञान के क्षेत्र में प्रगति ना कर पइती सन।

उद्धव ठाकरे के नेतृत्व वाला शिवसेना गुट के नेता संजय राउत आज कांग्रेस पार्टी के खूब बड़ाई कइले। राउत दावा कइले कि अगर देश के कांग्रेस के नेतृत्व ना मिलीत तऽ ना हमनी के आजादी मिलीत आ नाहीं हमनी के विज्ञान आ प्रौद्योगिकी में प्रगति कर पइती सन।

भाजपा पऽ कसले तंज

राउत कहले कि अइसन बहुत चीज बा जवन भाजपा वाला कबहूँ ना समझ पाई काहेंकि उऽ देश खातिर ना सोंचस। उऽ खाली व्यापारियन के बारे में सोचेले।

दरअसल, मुंबई के धारावी में राहुल गांधी के भारत जोड़ो न्याय यात्रा के समापन पऽ भाजपा के ओर से “कांग्रेस ना रहित तऽ का होइत” पुस्तक जारी करे के बारे में पूछल गइल सवालन के राउत ई जबाव देले हऽ। उऽ कहले, “कांग्रेस के बिना पाकिस्तान दू हिस्सन में ना बँटित। देश एकजुट ना रहित।”

जदि भाजपा ना आइल होइत…..

भाजपा पऽ निशाना साधत राउत कहले कि जेकरा लगे राजा होला, ओकर प्रजा बीमारी से पीड़ित रहेले। भाजपा देश के गरीब बना रहल बिया। जदि भाजपा ना रहित तऽ दूसर चीज ना होइत। देश में दंगा ना होइत, देश के रूपिया मजबूत होइत, देश पऽ कऽरजा ना होइत । राफेल से लेके चुनावी बांड तक घोटाला ना होइत।,

एही बीच कांग्रेस नेता राहुल गांधी, पार्टी महासचिव प्रियंका गांधी वाद्रा आ अभिनेत्री स्वरा भास्कर रविवार के मुंबई के मणि भवन संग्रहालय से ‘जन न्याय पदयात्रा’ निकलली। यात्रा मणि भवन से अगस्त क्रांति मैदान तक के दूरी तय करी। राहुल गांधी मुंबई के क्रांति मैदान पहुंच के गांधी स्मारक स्तंभ पऽ पुष्पांजलियो अर्पित कइले।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-