Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में लोकसभा चुनाव 1 जून के, भाजपा आ सपा के बीचे बा सीधा टक्कर, एक्टर बनाम एक्ट्रेस के बीच लड़ाई में तय होई गोरखपुर के अगिला सांसद के बनी

415

लोकसभा के आम चुनाव के सनीचर के घोषणा होखतही सियासी सरगर्मी तेज हो गइल बा। समूचा देस आ प्रदेश के संगही गोरखपुर के लोग लोकतंत्र के महापर्व में आपन भागीदारी निभावे आ नया सरकार के चुने के लेके बहुते उत्साहित बा। बता दीं कि गोरखपुर में एक जून के मतदान होई।

अबकी बेर गोरखपुर सदर लोकसभा सीट के समीकरण बुझे के कोसिस कइल जाव तs इहां सीधा टक्कर भाजपा प्रत्याशी रवि किशन आ सपा प्रत्याशी काजल निषाद के बीच होई। बसपा के ओर से अभी ले गोरखपुर से अपना प्रत्याशी के घोषणा नइखे भइल। हालांकि, पिछला चुनावन के आधार पs बसपा के प्रत्याशी चुनाव जीतला के जगह BJP के मददगार साबित भइल बा लो। कुल मिलाके बसपा प्रत्याशी वोट काटे वाला साबित भइल बा लो। कांग्रेस पिछला कइयन चुनाव से कवनो दमदार प्रत्याशी ना उतारके एक तरे से गोरखपुर लोकसभा सीट पs आपन दावा कमजोर कs लेले बिया।

प्रदेश के दूसरका सबसे हॉट सीट हs 

अबकी बेर के मुकाबला के बात करीं तs CM योगी के परंपरागत सीट पs प्रतिष्ठा बचावे खातिर एगो आउर जहां रवि किशन मैदान में बाड़ें तs ओहिजा दूसरका ओर निषाद बाहुल्य क्षेत्र में इंडिया गठबंधन के प्रत्याशी काजल निषाद पूरा दमखम से लड़ रहल बाड़ी। अबकी बेर मुकाबला बहुते दिलचस्प बा काहेकि इहां लड़ाई भोजपुरी सिनेमा के एक्टर आ एक्ट्रेस के बीच होखे वाला बा। अब नतीजा तs 4 जून के पता चली, बाकिर ओह बीच करीब ढाई महीना तक चले वाला चुनावी जंग के देखे खातिर गोरखपुर के लोग बहुते उत्सुक बा। प्रदेश के हॉट सीटन के बात करीं तs बनारस के बाद BJP खातिर गोरखपुर सदर लोकसभा सबसे जादे महत्वपूर्ण सीट बा।

सपा प्रत्याशी काजल निषाद।
सपा प्रत्याशी काजल निषाद।

मुख्यमंत्री योगी के प्रतिष्ठा दांव पs 

गोरखपुर संसदीय क्षेत्र भारतीय जनता पार्टी BJP के गढ़ रहल बा। एह सीट से यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लमहर समय तक सांसद रहलें। योगी आदित्यनाथ साल 1998, 1999, 2004, 2009 आ 2014 में 5 बेर गोरखपुर के प्रतिनिधित्व कइलें। इहां से उम्मीदवार भलहीं रवि किशन होखस बाकिर इहां CM योगी के प्रतिष्ठा दांव पs लागल बा।

2019 में 3 लाख से जादे वोटन से जीतल रहस 

2019 के लोकसभा चुनाव में BJP उम्मीदवार आ एक्टर रवींद्र श्यामनारायण शुक्ला उर्फ रवि किशन 3,01,664 वोटन के अंतर से ई सीट जीतले रहस। रवि किशन 2019 में पहिला बेर सांसद बनलें। उनका 60.52 फीसदी वोट शेयर के संगे 7,17,122 वोट मिलल। ऊ सपा उम्मीदवार रामभुआल निषाद के हरवले रहस। रामभुवाल के 2019 के चुनाव में 4,15,458 वोट (35.06 फीसदी) मिलल रहे। कांग्रेस उम्मीदवार मधुसूदन त्रिपाठी 22,972 वोट (1.94 फीसदी) के संगे तीसरका स्थान पs रहस। एहिसे BJP एक बेर फिर रवि किशन के मैदान में उतरले बिया।

हालांकि, सपा नया चेहरा काजल निषाद के प्रत्याशी बनवले बिया। काजल भोजपुरी सिनेमा के जानल पहचानल चेहरा बाड़ी। गोरखपुर सदर लोकसभा सीट पs साल 1998 से 2014 तक लगातार पांच बेर योगी आदित्यनाथ चुनाव जीतत रहल बाड़ें। योगी के CM बनला के बाद साल 2018 के उपचुनाव में सपा के प्रवीण निषाद चुनाव जीत गइल रहस। एकरा बाद 2019 के चुनाव में ई सीट फेर से BJP के खाता में आ गइल।

भाजपा प्रत्याशी रवि किशन

गठबंधन के समीकरण

साल 2024 के लोकसभा चुनाव पिछला सब इलेक्शन से अलग बा। पिछला चुनाव में सपा, बसपा आ RLD के बीच गठबंधन रहे। अबकी बेर RLD, NDA के खेमा में बिया तs बसपा अकेले बिया। अबकी बेर समाजवादी पार्टी इंडिया गठबंधन के बैनर तले चुनाव लड़ रहल बिया। जेमे कांग्रेस, भीम आर्मी चीफ चंद्रशेखर के आजाद समाज पार्टी, अपना दल (कमेरावादी) बा तs NDA गठबंधन में BJP, ओम प्रकाश राजभर के पार्टी सुभासपा, अपना दल (सोनेलाल), निषाद पार्टी आ RLD सामिल बा। गोरखपुर में पिछड़ा आ दलित मतदाता के संख्या जादे बा। इहवां करीब चार लाख के आस-पास निषाद वोटर बा लो।

गोरखपुर सीट में 5 गो विधानसभा क्षेत्र सामिल  बा। एमे कैम्पियरगंज, पिपराइच, गोरखपुर शहर, गोरखपुर ग्रामीण आ सहजनवा सामिल बा। ई निर्वाचन क्षेत्र एगो सामान्य सीट हs आ अनुसूचित जाति SC आ अनुसूचित जनजाति ST खातिर आरक्षित नइखे।

साभार : दैनिक भास्कर

767130cookie-checkगोरखपुर में लोकसभा चुनाव 1 जून के, भाजपा आ सपा के बीचे बा सीधा टक्कर, एक्टर बनाम एक्ट्रेस के बीच लड़ाई में तय होई गोरखपुर के अगिला सांसद के बनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.