‘साथहीं होखे लोकसभा आ विधानसभा चुनाव’, एक राष्ट्र, एक चुनाव पऽ कोविंद पैनल राष्ट्रपति के सउँपलस रिपोर्ट

Share

One Nation One Poll देश भर में लोकसभा राज्य विधानसभा आ स्थानीय निकाय के चुनाव एक साथे करावे के व्यवहार्यता पऽ कोविंद पैनल आज आपन रिपोर्ट राष्ट्रपति के सउँप देलस। कोविंद पैनल सिफारिश कइले बिया कि पहिला चरण में लोकसभा आ विधानसभा चुनाव एक साथे करावल जा सकत बा ओकरा बाद दूसरका चरण में 100 दिनों के भीतर स्थानीय निकाय चुनाव करावल जा सकत बा।

One Nation One Poll एक राष्ट्र एक चुनाव के लेके पूर्व राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के अध्यक्षता वाला उच्च स्तरीय समिति आज आपन रिपोर्ट राष्ट्रपति के सउँप देले बिया। देश भर में लोकसभा, राज्य विधानसभा आ स्थानीय निकाय के खातिर एक साथे चुनाव करावे के व्यवहार्यता पऽ रिपोर्ट सउँपल गइल बा।

एगो बयान में कहल गइल बा कि पैनल राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु के 18,626 पन्ना के रिपोर्ट सउँपलस। ई रिपोर्ट 2 सितंबर 2023 के एकरा गठन के बाद से हितधारकन, विशेषज्ञन के साथे व्यापक परामर्श आ 191 दिनन के शोध कामन के परिणाम हऽ।

कोविंद पैनल के मुख्य बात

कोविन्द पैनल आपन रिपोर्ट में कहलस हऽ कि एक साथे मतदान होखे से भारत के आकांक्षा के साकार करे में मदद मिल सकत बा।

एक साथे मतदान से विकास प्रक्रिया आ सामाजिक एकजुटता के बढ़ावा मिली, लोकतांत्रिक नींव गहिर होई।

कोविंद पैनल के कहनाम बा कि एक साथे मतदान से पारदर्शिता, समावेशिता, सहजता आ मतदातावन के विश्वास ढेर बढ़ि।

कोविंद पैनल एक साथे चुनाव करावे खातिर उपकरणन, जनशक्ति आ सुरक्षा बलन के अग्रिम योजना के सिफारिश कइले बिया।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि पहिले एक साथे चुनावन खातिर सब राज्य विधानसभा के कार्यकाल अगिला लोकसभा चुनावन तक के अवधि खातिर हो सकत बा।

कोविंद पैनल इहो कहलस कि त्रिशंकु सदन भा अविश्वास प्रस्ताव के स्थिति में शेष पांच साल के कार्यकाल खातिर नया सिरा से चुनाव करावल जा सकत बा।

पहिला चरण में लोकसभा आ विधानसभा चुनाव एक साथे करावल जा सकत बा, एकरा बाद दूसरका चरण में 100 दिनन के भीतर स्थानीय निकाय चुनाव करावल जा सकत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-