Literature Nobel Prize: जॉन फॉसे के साहित्य के नोबेल पुरस्कार

Minee Upadhyay

 

साहित्य के क्षेत्र में नोबेल पुरस्कार के घोषणा बियफ़ें के भईल। 2023 के नोबेल पुरस्कार नार्वे के लेखक जॉन फॉसे के दिहल गइल। उनुका के ई सम्मान उनुका अभिनव नाटक आ गद्य खातिर दिहल गइल जवन अनकही के आवाज बन जाला। नोबेल साहित्य समिति के अध्यक्ष एंडर्स ओल्सन के कहना बा कि फॉसे के रचना के जड़ उनुका नॉर्वेजियन के पृष्ठभूमि के भाषा आ प्रकृति में निहित बा।

फॉसे आत्महत्या के संवेदनशील मुद्दा पs आपन पहिला उपन्यास रेड एंड ब्लैक में लिखले रहले। नोबेल पुरस्कार विजेता घोषित होखे पs खुशी जतावत जॉन कहले कि ई पुरस्कार ओह तरह के साहित्य खातिर दिहल गइल बा जवन साहित्य के अलावे कुछुओ नइखे। फॉसे नॉर्वेजियन के चउथा लेखक हवें जिनकर साहित्य के नोबेल पुरस्कार मिलल बा। ई पुरस्कार 1903 में ब्योर्नस्टजर्न ब्योर्नसन, 1920 में नट हैम्सन आ 1928 में सिग्रिड अनडसेट के दिहल गइल।

अब ले 120 लोग के साहित्य के क्षेत्र में नोबेल मिलल बा। एहमें महज 17 गो मेहरारू बाड़ी। रवीन्द्रनाथ टैगोर अकेला भारतीय हउवें जिनका साहित्य के नोबेल पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा। ई पुरस्कार उनुका के 1913 में मिलल रहे। लेखन के दुनिया में फॉसे के प्रतिष्ठा के अंदाजा उनुका किताबन के 40 से अधिका भाषा में अनुवाद आ प्रकाशन से लगावल जा सकेला। लेखन के अलावा फॉसे के संगीत के भी शौक बा। गीतन के धुन बनवले बाड़े। डेली टेलीग्राफ के मुताबिक, दुनिया के 100 सबसे प्रतिभाशाली जीवित लोग में उनुकर स्थान 83वां बा।

 रसायन विज्ञान के क्षेत्र में सम्मान मिलल

एकरा से पहिले काल्ह रसायन विज्ञान के क्षेत्र में 2023 के नोबेल पुरस्कार के घोषणा भईल। एह साल ई सम्मान संयुक्त रूप से मैसाचुसेट्स इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी के मौंगी जी के दिहल गइल। बावेंडी, कोलंबिया विश्वविद्यालय से लुईस ई. ब्रूस आ नैनोक्रिस्टल टेक्नोलॉजी में काम करे वाला एलेक्सी आई. एकिमोव के दिहल गइल।क्वांटम डॉट्स के खोज अवुरी संश्लेषण खाती इ पुरस्कार दिहल गईल।

कैटालिन कारिको आ ड्रू वीसमैन के मेडिसिन के नोबेल पुरस्कार मिलल

एकरा से पहिले सोमार के दिने फिजियोलॉजी भा मेडिसिन के क्षेत्र खातिर एह सम्मान के विजेता लोग के नाम के एलान कइल गइल। एह साल कैटालिन कारिको आ ड्रू वीसमैन के मेडिसिन के नोबेल पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। न्यूक्लियोसाइड बेस मोडिफिकेशन से जुड़ल खोज खातिर इनके ई सम्मान दिहल गइल। एह खोज से कोरोना यानी कोविड-19 के खिलाफ प्रभावी एमआरएनए टीका के विकास में मदद मिलल।

 इनहन लोग के संयुक्त रूप से भौतिकी के नोबेल पुरस्कार मिलल

एकरा बाद मंगल के दिने भौतिकी के नोबेल पुरस्कार के एलान भइल। एह श्रेणी खातिर 2023 के नोबेल पुरस्कार मिल के पियरे ऑगस्टिनी, फेरेंस क्राउसज आ एनी एल’हुलियर के दिहल गइल। ई सम्मान इलेक्ट्रॉन्स पs अध्ययन खातिर दिहल गइल। ई पुरस्कार प्रयोगात्मक तरीका सभ खातिर दिहल गइल जेह में पदार्थ में इलेक्ट्रॉन सभ के गतिशीलता के अध्ययन करे खातिर प्रकाश के एटोसेकंड पल्स पैदा कइल गइल।

 2 अक्टूबर से शुरू भइल 

नोबेल पुरस्कार के एलान सोमार से चिकित्सा के नोबेल पुरस्कार से शुरू भइल। चिकित्सा के नोबेल पुरस्कार के एलान 2 अक्टूबर के भइल आ भौतिकी के नोबेल पुरस्कार के एलान 3 अक्टूबर के भइल। रसायन विज्ञान के नोबेल पुरस्कार 4 अक्टूबर के आ साहित्य के नोबेल पुरस्कार 5 अक्टूबर के विजेता के घोषणा भइल। एकरा अलावे बियफे के दिने नोबेल शांति पुरस्कार के एलान कइल जाई आ अर्थशास्त्र के क्षेत्र में एह पुरस्कार के विजेता के एलान नौ अक्टूबर के कइल जाई।

 एतना इनाम मिलेला

एह पुरस्कारन में एक करोड़ 10 लाख स्वीडिश क्रोनर भा दस लाख अमेरिकी डॉलर भा दस लाख डॉलर के नकद पुरस्कार दिहल जाला। ई धन एह पुरस्कार के संस्थापक आ स्वीडिश आविष्कारक अल्फ्रेड नोबेल के छोड़ल वसीयत से मिलल बा। 1896 में उनकर निधन हो गइल।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।