[the_ad_group id="30365"]

डॉ. ब्रजभूषण मिश्र होइहें अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के सत्ताईसवां राष्ट्रीय अध्यक्ष

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमशेदपुर। अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, बिहार के राष्ट्रीय प्रवर समिति आ कार्य समिति के 24 सितम्बर, 2023 के ‘ तुलसी भवन ‘ जमशेदपुर ( झारखंड ) में भइल अत्यंत महत्वपूर्ण संयुक्त बैठक में निर्णय लिहल गइल कि भोजपुरी-हिन्दी के जानल-मानल साहित्यकार आ समीक्षक डॉ. ब्रजभूषण मिश्र सम्मेलन के सत्ताईसवां राष्ट्रीय अध्यक्ष होइहें। सम्मेलन के राष्ट्रीय महामंत्री प्रो. (डॉ.) जयकान्त सिंह ‘ जय ‘ बतवलें कि सत्तर के दशक से भोजपुरी भाषा, समाज, संस्कृति, साहित्य आ शिक्षा के निर्माण, उत्थान आउर वैश्विक पहचान खातिर लगातार सुव्यवस्थित पद्धति से काम करे वाला एह संगठन के इतिहास बहुते गौरवशाली रहल बा।

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन से बतौर प्रबंध मंत्री, प्रचार मंत्री आ सदस्य के रूप में लगभग तीन दशक से जुड़ल सुप्रसिद्ध कवि आ भोजपुरी जंक्शन के संपादक मनोज भावुक बतवलें कि डॉ. मिश्र के रूप में एगो सरल-सहज विद्धान, योग्य आ कर्मठ व्यक्तिव आउर भोजपुरी के जीये वाला साधक के अध्यक्ष पद के जिम्मेवारी देहल भोजपुरी के बेहतर भविष्य के ओर इशारा करत बा।

मालूम होखे कि डॉ. मिश्र ओह भोजपुरी सेवी संगठन के भावी अध्यक्ष मनोनीत भइल बाड़ें जवना के एकरा पहिले अध्यक्ष के रूप में डॉ. उदय नारायण तिवारी, आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी, आचार्य देवेन्द्र नाथ शर्मा, डॉ. विवेकी राय, पाण्डेय कपिल, डॉ. प्रभुनाथ सिंह, डॉ. रिपुसूदन श्रीवास्तव जइसन विद्वानन के नेतृत्व प्राप्त हो चुकल बा। डॉ. मिश्र सम्मेलन के छब्बीसवां आ वर्तमान अध्यक्ष संस्कृत, हिन्दी आउर भोजपुरी के वयोवृद्ध विद्वान साहित्यकार डॉ. हरेराम त्रिपाठी चेतन के बाद अइसन अध्यक्ष होइहें जे पहिले एह राष्ट्रीय संगठन के महामंत्रियो रह चुकल बा। आवे वाला 16 आ 17 दिसम्बर, 2023 के जमशेदपुर (झारखंड) में आयोजित सम्मेलन के सताइसवां दु दिवसीय अधिवेशन में डॉ. मिश्र के अध्यक्ष के दायित्व सउपल जाई।

डॉ. रिपुसूदन श्रीवास्तव, सूर्यदेव पाठक ‘पराग’, डॉ. हरेराम त्रिपाठी ‘चेतन’, डॉ. महामाया प्रसाद विनोद, कनक किशोर, कुमार विरल, सुभाष यादव, गंगा प्रसाद अरुण, डॉ. सुनील कुमार पाठक, डॉ. जयकान्त सिंह ‘जय’, डॉ. ओमप्रकाश राजापुरी आदि लोग डॉ. मिश्र के अध्यक्ष मनोनीत होखला पs खुसी व्यक्त करत उनका के बधाई देले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]