[the_ad_group id="30365"]

रांची में पटरी पs लवटल जिनगी, खुल रहल बा बाजार, सुरक्षा सख्त, इंटरनेट चालू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ranchi: भय आ दहशत के करीब 36 घंटा बाद राजधानी रांची में जिंदगी पटरी पs लवट गइल। अतवार के भोरे करीब चार बजे इंटरनेट सेवा चालू कs दिहल गइल बा। सबेरे से लोग रोजमर्रा के कामकाज खातिर सड़कन पs उतरल। सड़क के किनारे सब्जी आ मछली के दुकान सबेरे से सजे लागल बा। एने, प्रशासनो सजग बा। सड़क के चौक चौराहा पs पुलिस जवानन के लगातार तैनाती बा। खासकर संवेदशील इलाकन में अतिरिक्त जवानन के तैनाती कइल गइल बा। पुलिस आ प्रशासन के डेग के स्थानीय लोगन के मदद मिल रहल बा। हालांकि, शहर में अभियो निषेधाज्ञा लागू बा।

आज गिरजाघरन में ना होई प्रार्थना 

मवजूदा इस्थिति के देखत एहतियातन चर्च कमेटी अतवार के प्रार्थना गिरजाघरन में ना करे के निर्णय लेले बा। श्रद्धालु घरही से अतवार के आराधना करी लो। स्थानीय प्रबुद्ध लोग हर हाल में शांति बहाल करे खातिर प्रयासरत बावे लो। मालूम होखे कि सूक के भाजपा नूपुर शर्मा के विवादित बयान के खिलाफ मुस्लिम समाज के ओर से विरोध प्रदर्शन कइल जात रहे। प्रदर्शन के दौरान कुछ उपद्रवी पत्थऱबाजी कs देले। जवना के बाद इस्थिति असामान्य हो गइल रहे। पुलिस के फायरिंग करे के पड़ गइल रहे। दूनो ओर से गोली चलल रहे। एह गोलीबारी में कम से कम दु लोग के मौत भइल बा आ एक दर्जन से बेसी घायल भइल लो एकरा बाद से शहर में तनाव भइल रहे। बाजार बंद रहे। आवाजाही पs पूलिस के पहरा रहे। सनिचर के शहर में सन्नाटा पसर रहल बा। अब अतवार के सबेरे से हालात सामान्य हो रहल बा।

सीएम हेमंत जांच खातिर दु सदस्यीय टीम गठित कइले

एने, पुलिस अपद्रवियन के खिलाफ नव गो प्राथमिकी दर्ज कइले बा। जेमे 20 नामजद समेत 10 हजार से जादे अज्ञात लोगन के आरोपी बनावल गइल बा। मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन उपद्रव के घटना के जांच खातिर सदस्यीय जांच कमेटी गठित कइले बा। कमेटी में आपदा प्रबंधन सचिव अमिताभ कौशल आ एडीजी अभियान संजय आनंद लाटकर के राखल गइल बा। कमेटी के हफ्ता भर के दौरान रिपोर्ट देवे के बा। एह ममिला के वजह से 500 करोड़ के कारोबार प्रभावित भइल बा। अइसन अनुमान के आधार पs कहल जा रहल बा। इंटरनेट बंद होखला के कारोबार पs व्यापक असर पड़ल बा।

साभार: न्यूज विंग

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]