लैंड फॉर जॉब केस में लालू यादव समेत अन्य आरोपियन के जमानत

Share

लैंड फॉर जॉब मामला में राजद सुप्रीमो लालू यादव के बहुत राहत मिलल बा। सोमार के एह मामला के सुनवाई करत राउज एवेन्यू कोर्ट लालू यादव, उनकर बेटा तेजस्वी यादव, तेज प्रताप यादव आ बाकी आरोपी के जमानत दे देलस। एकरा से पहिले लालू प्रसाद यादव आ उनकर बेटा तेजप्रताप यादव अउरी तेजस्वी यादव नौकरी खातिर जमीन के मामला में राउज एवेन्यू कोर्ट पहुंचले। उनका संगे लालू यादव के बेटी आ पार्टी के सांसद मीसा भारती रहली। ए मामला में अगिला सुनवाई 25 अक्टूबर के होई।

जमीन लेके नौकरी देवे के आरोप

लालू प्रसाद यादव पऽ आरोप बा कि उऽ 2004 से 2009 तक रेल मंत्री रहला के दौरान नियम के एक ओर रखले, ‘ग्रुप डी’ के लोग के नौकरी देले आ उनकर जमीन के रजिस्ट्रेशन करा लेले। बहुत लोग आगे आके अपना बयान के माध्यम से पुष्टि कइले बाड़े कि तत्कालीन रेल मंत्री लालू यादव ओ लोग के जमीन लेके ग्रुप डी में नौकरी देले रहले। ए मामला में 30 आरोपी शामिल बाड़े।

18 सितंबर के समन जारी भइल रहे

सीबीआई ए मामला में शामिल अउरी आरोपी के खिलाफ जांच खाती आवेदन देले बिया। जल्दिए मंजूरी मिले के उमेद बा। एकरा से पहिले 18 सितंबर के पूर्व सीएम लालू प्रसाद यादव, पूर्व उप सीएम तेजस्वी यादव आ तेजप्रताप यादव समेत अवुरी आरोपी के समन जारी भइल रहे। जांच एजेंसी एह मंजूरी के प्रति राउज एवेन्यू कोर्ट में जमा कऽ दिहले बिया।

सीबीआई के जांच के मंजूरी मिल गइल

लैंड फॉर जॉब घोटाला के मामला में केंद्रीय गृह मंत्रालय सीबीआई के लालू यादव के खिलाफ जांच करे के मंजूरी दे देले रहे। सीबीआई ए मामला में शामिल अउरी आरोपी के खिलाफ जांच खाती गृह मंत्रालय के आवेदन देले बिया। एह मामिला में सुनवाई 15 अक्टूबर के होखे वाला बा। जांच एजेंसी के उम्मीद बा कि जल्दिए उनका इ मंजूरी मिल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-