बदल गइल दिल्ली के नया CM आतिशी के पता, जानीं कहां होई नया ठिकाना

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

  आम आदमी पार्टी के अध्यक्ष अरविंद केजरीवाल जेल से बाहर आके दिल्ली के सीएम पद से इस्तीफा दे दिहले। एकरा बाद विधायिका दल के बैठक में आतिशी के दिल्ली के नयका सीएम चुनल गईल।

Share

आतिशी:फोटो

 

आम आदमी पार्टी के अध्यक्ष अरविंद केजरीवाल जेल से बाहर आके दिल्ली के सीएम पद से इस्तीफा दे दिहले। एकरा बाद विधायिका दल के बैठक में आतिशी के दिल्ली के नयका सीएम चुनल गईल। आतिशी सोमार से नयका पता 6, फ्लैगस्टैफ रोड पर बनल बंगला में रहे जा रहल बाड़ी। एकरा से पहिले अरविंद केजरीवाल इहाँ रहत रहले। हाल ही में अरविंद केजरीवाल इस्तीफा के बाद इs आवास खाली कs देले बाड़े। केजरीवाल अब लुटियंस दिल्ली के एगो आवास में शिफ्ट हो गइल बाड़न. सोमार के आतिशी के घर के सामान 6, फ्लैगस्टैफ रोड स्थित बंगला में पहुंचावल जाता।

आतिशी अब ले कालकाजी में रहत रहली

अधिकारी के मुताबिक दिल्ली के सीएम आतिशी के निजी सामान अवुरी बाकी सामान के नयका बंगला में शिफ्ट कs दिहल गईल। दरअसल, पछिला साल केजरीवाल सरकार में मंत्री बनला के बाद अतिशी के मथुरा रोड पs एबी-17 बंगला आवंटित कईल गईल। बता दीं कि अब ले आतिशी दक्षिण दिल्ली के कालकाजी में अपना माई-बाबूजी के संगे रहत रहली। दिल्ली के उपमुख्यमंत्री रहल मनीष सिसोदिया मथुरा रोड स्थित एबी-17 बंगला में रहत रहले। हाल ही में उहो ई आवास खाली कs के आरपी रोड पs राज्यसभा सांसद हरभजन सिंह के आवंटित आवास में रहे खातिर चल गइल बाड़न.

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.