BJP: झारखंड चुनाव के लिए भाजपा के वरिष्ठ नेता लोग बनावल रणनीति, उम्मीदवारन के नामन पs चरचा 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

झारखड चुनाव: आवे वाला विधानसभा चुनाव के लेके सोमार के भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के वरिष्ठ नेता लोग बैठक कइल। एह दौरान चुनाव खातिर रणनीति आ उम्मीदवारन के नामन पs चरचा कइल गइल। सूत्रन के

Share

झारखड चुनाव: आवे वाला विधानसभा चुनाव के लेके सोमार के भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के वरिष्ठ नेता लोग बैठक कइल। एह दौरान चुनाव खातिर रणनीति आ उम्मीदवारन के नामन पs चरचा कइल गइल। सूत्रन के अनुसार, बैठक में ओह उम्मीदवारन के नाम पs चरचा भइल, जेकरा के पार्टी राज्य विधानसभा चुनाव में उतार सकत बिया। भाजपा के झारखंड इकाई संभावित उम्मीदवारन के सूची लेके इहां आइल रहे, जेमे हर विधानसभा सीट खातिर कम से कम तीन नाम सुझावल गइल बा। एकरा अलावे, बैठक में सहजोगी दलन के संगे पार्टी के सीट बंटवारा के फॉर्मूला पs चरचा भइल।

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के आवास पs भइल बैठक में केंद्रीय मंत्री अमित शाह आ शिवराज सिंह चौहान आउर असम के मुख्यमंत्री हिमंत विश्व शर्मा सामिल भइल लो। चौहान, पार्टी के झारखंड प्रभारी हवे आ शर्मा सह-प्रभारी हवे। भाजपा के झारखंड इकाई के अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी, राज्यसभा सदस्य समीर उरांव, केंद्रीय मंत्री अन्नपूर्णा देवी आ राज्य से पार्टी के आउर नेता उपस्थित रहे लो।

झारखंड में भाजपा, जद (यू) आ ऑल झारखंड स्टूडेंट्स यूनियन (आजसू) पार्टी के संगे गठबंधन में विधानसभा चुनाव लड़े वाला बिया। संगही, भाजपा, केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान के नेतृत्व वाली लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के संगे चुनाव से पहिले गठबंधन करे पs विचार कs सकत बिया।

पासवान सोमार के कहलें कि उनकर पार्टी झारखंड विधानसभा चुनाव लड़न चाहत बिया आ एकरा बारे में जल्दिये अंतिम निर्णय लिहल जाई कि ऊ भाजपा नीत राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के तहत चुनाव लड़िहे भा फेर अपना बूते चुनाव मैदान में उतरिहें।

लोजपा (रामविलास) के प्रमुख इहां उद्योग मंडल ‘फिक्की’ के एगो कार्यक्रम से इतर संवाददाता लोगन से कहलें, हम बिहान केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से मुलाकात कइनी। हमनी के देस के मवजूदा राजनीतिक हालात आ आवे वाला विधानसभा चुनावन पs चरचा कइनी सs। झारखंडो पs चरचा भइल।

झारखंड के 81 सदस्यीय विधानसभा खातिर एह साल के अंत में चुनाव होखे के बा। निर्वाचन आयोग के ओर से जल्दिये चुनाव कार्यक्रम के घोषणा कइल जाये के उम्मीद बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.