लखीमपुर खीरी जिला के निघासन थाना क्षेत्र के एगो गांव में बुध के साँझ करीब छह बजे अनुसूचित जाति के दू नाबालिग बहिन कुल के शव पेड़ से लटकल मिलले के मामला में पोस्टमार्टम रिपोर्ट आ गइल बा।
पोस्टमार्टम रिपोर्ट में बड़ खुलासा भइल बा। रिपोर्ट में दुष्कर्म के पुष्टि भइल बा। संगही गला दबा के हत्या कइले के पुष्टि भइल बा।
बियफ़े के तीन डॉक्टरन के पैनल पोस्टमॉर्टम कइलस। करीब तीन घंटा तक डॉ राजेन्द्र कुमार, डॉ अर्चना अउर डॉ शोएब अख्तर पोस्टमार्टम कइलें। एह दौरान पोस्टमार्टम के वीडियोग्राफी भी करावल गइल। पोस्टमार्टम के दौरान महिला डॉक्टर अउरी किशोरियन के परिवार के लोग भी मौजूद रहल। फिलहाल दूनों बहिन के शव परिवार वालन के सौंप दिहल गइल बा। शव के एबुलेंस से गांव में पहुंचा दिहल गइल बा। अब पुलिस मुकदमा में धारा बढ़ा सकत बिया। एससी-एसटी एक्ट के धारा मुकदमा में बढ़ावल जा सकsता।

का बा पूरा मामला
निघासन थाना क्षेत्र के एगो गांव में बुध साँझ करीब छह बजे अनुसूचित जाति के दू गो नाबालिग बहिन सब के शव पेड़ से लटकल मिलल। माई के कहनाम बा कि एक घंटा पहिले उनके सोझही एगो पड़ोसी अउर तीन दूसर आदमी उन के दुनों बेटियन के अगवा कs ले गइल रहनें। दुष्कर्म के बाद हत्या के आरोप लगावत मामला दर्ज करावल गइल बा।
Post Views: 62