[the_ad_group id="30365"]

छपरा में अपराधियन द्वारा गोली मारके महिला के घायल कइल गइल: दरवाजा प बइठल महिला से नाम पूछल गइल, फेर कइल गइल फायरिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में महिला के अपराधियन द्वारा गोली मारके गंभीर रूप से घायल क दिहल गइल। बुध के देर रात बाइक सवार अपराधियन द्वारा पहिले नाम पूछल फेर गोली मार दिहल गइल। घटना रसूलपुर थाना क्षेत्र के लाकड़ छपरा गांव के बतावल जा रहल बा। घायल महिला के पहचान लाकड़ छपरा निवासी सरोज देवी (43वर्ष) पति अक्षत साह के रूप में कइल गइल। गोली लगला के बाद महिला के गंभीर अवस्था मे पीएससी एकमा में भर्ती करावल गइल, जहाँ से स्थिति के गंभीर देखत सदर अस्पताल रेफर कइल गइल। बाकिर महिला इलाज खातिर कही आउर चली गइल। सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र से ईलाज के बाद महिला भूमिगत हो गइल बाड़ीं। महिला के कही कवनो सुराग नइखे मिलत।

घटना के बारे में बतावल जा रहल बा कि महिला रात में अपना दरवाजे प बइठल रहली। तबे एगो बाइक प दु गो सवार अइले आ आवतही बाइक सवार युवक महिला के नाम पूछले। महिला द्वारा जवाब देते अपराधियन द्वारा गोली मार दिहल गइल। गोली महिला के पेट मे लागल बा। जेमे महिला के स्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा।

शराब के कारोबार से जुड़ल बतावल जा रहल बाड़ीं महिला

फिलहाल पुलिस सब बिंदुअन प गहनता से जांच करत अपराधियन के गिरफ्तारी खातिर चिन्हित कs रहल बिया। स्थानीय लोगन के मोताबिक परिजनन द्वारा कवनो निजी नर्सिंग होम में गुप्त तरीका से ईलाज चल रहल बा। शराब के कारोबार से जुड़ल होखला के चलते महिला पुलिस से दूरी बनावत भूमिगत हो गइल बाड़ी।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]