Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lakadbaggha Review: अंशुमन झा बनलें टाइगर श्रॉफ के सस्ता कॉपी, जानी श्वान प्रेमियन के फिल्म में के बनल विलेन

पशु प्रेमियन अउरी कुत्तन के हमलोन के शिकार लोगन के बीच चलत रहे वाला विवादन के अलावा एह श्वान प्रेमियन के अपना पालतू जानवर के दोसरा के घरन के सोझा नित्यकर्म करा देला के विवादो चलत रहेला । वईसे आम तउर पs कुत्तन के इंसान के सबसे वफादार जानवर मानल जाला । फिल्म 'लकड़बग्घा' अइसनके एगो श्वानप्रेमी अर्जुन बख्शी के कहानी हs।

97
लकड़बग्घा:
कलाकार
अंशुमन झा , ऋद्धि डोगरा , परेश पाहूजा और मिलिंद सोमन आदि
लेखक:       आलोक शर्मा
निर्देशक:      विक्टर मुखर्जी
निर्माता:        अंशुमन झा
रिलीज डेट:  13 जनवरी 2023
रेटिंग:            1.5/5
देश में एह दिनन आवारा कुतन के भीड़  हरेक गली, मोहल्ला, सोसाइटी अउर शहरन के एकदम टटका मुदा बा । इहनी के  आबादी अतन तेजी से बढ़ रहल  बा कि हर दिन इहनी के  हमलन के लेके  खबरन के बाढ़  आवते  रहेला । स्थानीय एजेंसियआ एकरा बारे में बनल कानूनन से  बन्हाइल बाड़ी सs । छोटका अदालत से लेके बड़का अदालत तक केहू एकरा कुछो साफ-साफ़ ना कही पावेला । पशु प्रेमियन अउरी कुत्तन के हमलन के शिकार लोगन  के बीचे चलत रहे वाला विवादन  के अलावा एह श्वान प्रेमियन के अपना पालतू जानवर के दोसरा के घरन के सोझा नित्यकर्म करा देला के विवादो चलत रहेला । वईसे आम तउर पs कुत्तन के इंसान के सबसे वफादार जानवर मानल जाला । फिल्म ‘लकड़बग्घा’ अइसनके एगो श्वानप्रेमी अर्जुन बख्शी के कहानी हs। ओकरा हिसाब से बेजुबान जानवरन  के  रक्षा करे  के चाहि। एक दिने जब ओकर एगो पालतू कुत्ता गायब हो जाला  तबी उ ओकरा  खोज में उ  कुत्तन के तस्करी करे वाला एगो बड़का गिरोह के लगे पहुँच जात बा |

कुत्तन  से लकड़बग्घन तक 

अब सवाल इ उठत बा  कि जब फिलीम में कुत्तन के बारे में बतावल  गईल  तब फिलीम के नाव  ‘लकड़बग्घा’ काहें धराइल बा ?  अब एहू बाति के पीछे एगो कहानी बा ईगो नया ट्विस्ट बा । असल में , अर्जुन बख्शी जवना घरी कुत्तन  के तस्करी करे वाला गिरोह के ईगो आदमी के मारेला तबे ओकर भेंट एगो  ‘लकड़बग्घा’ से होला  जवन तस्करी करे वाला  गिरोह के लईकन  पs हमला करेला । अर्जुन बख्शी के एह बाति के डर बा कि कहीं  ‘लकड़बग्घा ओकरो पs हमला मना कई दे। अब एहिजा इ समझावल गईल  बा कि जानवर तबे केहू पs हमला करेला जब ओकरा अपना जान पs भा ओकरा परिवार पs खतरा महसूस होला | अर्जुन ओकरा लेके अपना घरे आवेला जहवां उ अपना अउरी पालतू कुत्तन  के संगे पोसे लागेला।

अर्जुन के चूकल निशाना 

फिल्म ‘लकड़बग्घा’ के  कहानी के  नायक अर्जुन बख्शी दिन में छोट बच्चन के मार्शल आर्ट के  ट्रेनिंग देला अउरी  कूरियर बॉय के कामो करेला । रात के बेरा में  कोलकाता के  गलियन  में घूमें  वाला  आवारा कुत्तन  के रक्षा करेला । ओ सभन के  खाए -पीए  के प्रबंध कईला  से लेके  ओहनी के संगे  होखे  वाला  हिंसन के रोके के  काम करेला । एह में  कुत्तन के प्रति संवेदना के संगे-संगे  उहनी के  खिलाफ हिंसा करे  वालन के प्रति जबरदस्त एक्शनो देखे के मिलेला । एह कहानी पs  फिलिम बनावे  के  आइडिया खुदे अंशुमन झा के ही रहे  जे फिलिम में अर्जुन बक्शी  के  किरदार निभा रहल  बाड़े। फिलिम के निर्मातो  उ खुदे बाड़े । ‘लकड़बग्घा’ से पहिले उ अपना  प्रोडक्शन हाउस ‘फर्स्ट रे फिल्म्स’ के बैनर तले फिलिम ‘मोना डार्लिंग’  बना चुकल बाड़े । चूंकि अंशुमन झा फिल्म के निर्माता अपनहीं बाड़े तs  मए  फिलिम के फोकस  उनके पर बा  आ  एहिजे ई फिलिम पिट जाले । अपना के जैकी चैन आ ब्रूस ली के बीचे कहीं फिट करे के  कोसिस  में अंशुमन के  देखल जाए तs टाइगर श्रॉफ के ससता कॉपी बनिके  रहि जाले ।

प्रेम कहानी बनल विलेन

फिल्म ‘लकड़बग्घा’ से छोटका  परदा   के बड़ा नामी चेहरा ऋद्धि डोगरो सिनेमा में शुरुआत कर रहल बाड़ी । एह फिलिम में उ सीबीआई अफसर बनल बाड़ी। इ अफसर एह बाति  के पाता लगावे में लागल बिया  कि शहर में जवन मउत हो रहल बा  , एकरा  पीछे केकर हाथ बा ? कहानी के  असली लोचा ई  बा  कि एहिजा  उनकर  प्रेमो कहानी बा ।आ, ई प्रेम कहनिए फिलिम के सबसे बड़का कमजोरी  बा। जानवरन पs  आधारित पारिवारिक फिल्मन में तs  अइसन होखल एक तरह से समझहूँ  में आवेला बाकिर एगो एक्शन फिलिम अब  दर्शकन के इश्क, मोहब्बत अउरी  बाकी के  फॉर्मूलन से मोह बचा नइखे पवले । कहानी के  लय टूटेला अउरी  दर्शक बगल की सीट पs  बईठल लोगन के देखि के इ बुझे के कोसिस करे लागत  बा कि  अउरी  कवन-कवन लोग एह फिलिम पs आपन समय बरबाद करे आईल बा |

बेअसर रहल मिलिंद सोमन के बड़का परदा पs वापसी

निर्माता, निर्देशक संजय लीला भंसाली के  फिलीम ‘बाजीराव मस्तानी’ के बादे मिलिंद सोमन आठ साल के बाद एह फिलीम से बड़का परदा पs वापसी  कर रहल बाड़े  ।  इ मानल जाटी रहे  कि फिलीम में उ सरप्राइज पैकेज  के रूप में होखिहें , बाकिर उनका हिसा में खाली कुछुए सीन आईल बा । आठ साल के बाद अइसन  फिलीम करे के पाछे उनकर का सोंच रहल होई , इ बाति तs खाली मिलिंदे सोमन  बता सकेले । आ बुला एही के चलते  मिलिंद सोमन फिलीम  के ट्रेलर लांच के बेरा ना आयिले । फिलीम के विचार अच्छा बा । बाकिर, कहानी अउरी  पटकथा कमजोर होखे तs बाकी चीज अपने आपे कमजोर हो जाला । फिलीम के गनवो बड़ा नीरस बा । फिलीमइंटरवल  के बादे बहुते बोर करेले अउरी  फिलीम के संपादन के  इ सबसे बड़हन  चूक  बा । जीन मार्क सेल्वा के  सिनेमैटोग्राफी में जरूर कुछ जान बा , फिलीम में अगर केहू के तारीफ कईल जा सकत बा , तs  अकेले खाली उहे बाड़े  ।

हरेक विभागे में फेल रहल फिलीम

फिल्म के निर्देशक विक्टर मुखर्जी यो अपना  जिम्मेवारी  के ठीक से निबाहे में चूक गईले । कहे खातिर तs ई  फिलीम एगो भावनात्मक एक्शन फिलीम बा । एक्शन के बारे में रवा सभे जानकारी तs मिलिए  गईल  होई ,  आ रहल बाति कुत्तन के प्रति भावना के तs उ अंशुमन के चेहरा पs रत्ती भर केनियो नइखे लउकत । फिल्म ‘लकड़बग्घा’ लेखन, निर्देशन, संगीत, संपादन के अलावा अभिनय के विभागो में फेल भईल बिया । परेश पाहूजा के छोड़ के  अउरी कवनो कलाकार  आपन रंग नइखे जमा पवले लोग । अंशुमन झा एकरा  से पहिले ‘लव सेक्स धोखा’ अउरी  ‘मस्तराम’ जइसन वेब सीरीज में लउकले  अउरी इ  फिलीम देखला के बाद अइसन लागत बा कि बड़ा परदा के हीरोगिरी के गुर सीखे  खातिर  अभी उनका बहुते समय लागी ।

436270cookie-checkLakadbaggha Review: अंशुमन झा बनलें टाइगर श्रॉफ के सस्ता कॉपी, जानी श्वान प्रेमियन के फिल्म में के बनल विलेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.