RG Kar Medical College Girl Suicide: कोलकाता के आरजी कs मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में 20 साल के मेडिकल स्टूडेंट सुसाइड कs लिहल। छात्रा सेकंड ईयर में रहस। लड़की के माई के ईएसआई क्वार्टर में कमरा से ओकर शव पंखा से लटकल मिलल। छात्रा अपना माई के संगे रहत रहे, जे स्थानीय ईएसआई अस्पताल में डॉक्टर हई। पुलिस सूत्रन के मोताबकि छात्रा डिप्रेशन में रहे।
घटना के रात छात्रा के माई कइयन बेर केवाड़ी खटखटवली। कवनो प्रतिक्रिया ना मिलला पs ऊ जबरदस्ती केवाड़ी खोलली आ देखली कि उनकर बेटी फंदा से लटकल बिया। पड़ोसियन के मदद से मां छात्रा के कमरहाटी के ईएसआई अस्पताल के आपातकालीन वार्ड में ले गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs दिहल। बाद में शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा आ कमरहाटी पुलिस स्टेशन में अप्राकृतिक मौत के ममिला दर्ज कइल गइल।
कवनो सुसाइड नोट नइखे
कमरा से कवनो सुसाइड नोट ना मिलल आ परिवार कवनो शिकायतो दर्ज नइखे करवले। हालांकि, पुलिस कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे कइले। बाकिर सूत्रन के कहनाम बा कि छात्रा कवनो पुरान बेमारी से पीड़ित रहे, जवना के कारण ओकर मानसिक स्वास्थ्य बिगड़ गइल होई। जांच जारी बा आ पोस्टमार्टम रिपोर्ट के इंतजार बा।
Read Also: 03 फरवरी 2025 के राशिफल