48 घंटा में सहजीतपुर में भइल लूटकांड के खुलासा: अंतरराज्यीय गिरोह के 4 शातिर गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2025

सारण। पुलिस सहजीतपुर के कोल्हुआ बाजार इस्थित प्रियंका ज्वैलर्स में भइल लूट के ममिला के सुलझा लिहल गइल बा। पुलिस मात्र 48 घंटा के भीतर अंतरराज्यीय लूट गिरोह के चार शातिर अपराधियन के गिरफ्तार कs

Share

सहजीतपुर में भइल लूटकांड के खुलासा

सारण। पुलिस सहजीतपुर के कोल्हुआ बाजार इस्थित प्रियंका ज्वैलर्स में भइल लूट के ममिला के सुलझा लिहल गइल बा। पुलिस मात्र 48 घंटा के भीतर अंतरराज्यीय लूट गिरोह के चार शातिर अपराधियन के गिरफ्तार कs लिहल, जबकि एगो अपराधी अभियो फरार बा।

एसपी कुमार आशीष के नेतृत्व में पुलिस गुप्त सूचना के आधार पs पिंडरा स्कूल के लगे से जलालपुर के रवीश कुमार आ संजीत कुमार, सिवान जिला के अजय सिंह आउर विनोद कुमार यादव के गिरफ्तार कइलस। अपराधियन के लगे से दु पिस्टल, चार कारतूस आ तीन मोटरसाइकिल बरामद कइल गइल।

जांच में पता चलल बा कि गिरोह के मास्टरमाइंड अजय कुमार बा, जवना पs बिहार आ बंगाल में कइयन गो अपराधिक ममिला दर्ज बा। सीसीटीवी फुटेज के मदद से पकड़ल गइल अपराधी ना खाली सहजीतपुर के ज्वैलर्स लूट कांड में आपन संलिप्तता स्वीकार कइलें, बलुक गोपालगंज के कुचायकोट में भइल ज्वैलरी शॉप के लूट में आपन भागीदारी मनले।

पुलिस रवीश कुमार के निशानदेही पs कुचायकोट लूटकांड में प्रयुक्त मोटरसाइकिल आ कपड़ा बरामद कइलस। संजीत कुमार सहजीतपुर कांड में लूटल गइल सोना के जेवरात आ श्रृंगार बॉक्स के खाली डब्बा बतावल। ओहिजा, अजय सिंह के बतावल स्थान पs गोपालगंज इस्थित उनका मुर्गी फार्म के लगे से जमीन में दबावल तीन किलोग्राम चांदी के बरामद कइल गइल।

पुलिस बतवलस कि सभे गिरफ्तार अपराधियन के पहिलहू आपराधिक इतिहास रहल बा। सहजीतपुर थाना कांड में सामिल अपराधियन के स्पीडी ट्रायल के माध्यम से सजा दिलावल जाई। संगही एह ममिला के सफल उद्भेदन में जाेगदान देवे वाला पुलिस अधिकारियन के पुरस्कृत कइल जाई।

Read Also: Patna: सड़क हादसा में 2 के मौत, 3 घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.