Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ममता बनर्जी के बेटा-बेटी नइखे, ऊ बच्चा गंवावे के दरद नइखी समझ सकत; दुष्कर्म पीड़िता के मां के फूटल गुस्सा

558
Google Ads 300*250 for posts

Kolkata Doctor Murder Case : कोलकाता के सरकारी आरजी कs अस्पताल में दरिंदगी के शिकार पीड़िता महिला चिकित्सक के मां मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के एक बेर फेर निशाना पs लेले बाड़ी। ऊ कहली कि मुख्यमंत्री बुध के जवन कहली,” ओकरा से हमरा बहुत दुख भइल कि परिवार न्याय नइखे चाहत। पूरा देस हमनी के बेटी खातिर न्याय के मांग कs रहल बा आ हमनी के न्याय ना चाहेम सs?”

ऊ कहली कि ममता बनर्जी के बेटा भा बेटी नइखे। एह वजह से ऊ बच्चा गंवावे के दरद नइखी समझ सकत।

सीएम के बयान से हमनी के बहुत दुख भइल : पीड़िता के मां

ऊ पीड़िता बेटी के न्याय खातिर आंदोलन करे वालन से एकरा के जारी रखे के आह्वान कइली। ऊ जोर देके कहली कि सीएम के बयान से हमनी के बहुत दुख भइल बा। ऊ (ममता) जवन चाहस ऊ बोलले हमनी के अपना दुख के नइखी समझा सकत सकी। पूरा दुनिया हमरा बेटी के संगे खड़ा बा।

हमनी के पुलिस के काम के संतुष्ट नइखी सs: पीड़िता के मां-बाप

पीड़िता के माता-पिता कहल लो कि हमनी के न्याय के उम्मीद करत बानी सs, जे लोग हमनी खातिर न्याय के मांग कs रहल बा, हमनी के ओह लोगन खातिर हमेशा आभारी रहेम सs। जदि हमनी के ओह लोगन के कवनो मदद कs सकत बानी सs तs ऊ हमनी के जरूर करेम सs। हमनी पुलिस के काम के संतुष्ट ना रहनी सs, एहिसे हमनी के हाईकोर्ट के लगे गइल रहनी सs आ कोर्ट ई ममिला सीबीआइ के दे देलस।

हमनी के सुरुए से विभाग (आरजी कर मेडिकल कालेज आ अस्पताल) पs शक रहे। सुरुए से अस्पताल प्रशासन ममिला के दबावे के कोसिस करत रहे। ऊ हमनी के बहुत देरी से सूचना देलस।

945310cookie-checkममता बनर्जी के बेटा-बेटी नइखे, ऊ बच्चा गंवावे के दरद नइखी समझ सकत; दुष्कर्म पीड़िता के मां के फूटल गुस्सा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.