रांची। बियफे के रात रांची में भारतीय क्रिकेट फैंस खातिर दिल छू लेवे वाला पल देखे के मिलल। सोशल मीडिया पs वायरल भइल एगो वीडियो में पूर्व भारतीय कप्तान महेंद्र सिंह धोनी आपन पुरान साथी आ स्टार बल्लेबाज विराट कोहली के कार चला के होटल ले जात नजर अइलें। वीडियो सामने आवतही फैंस एह लमहा के “री-यूनियन ऑफ द ईयर” बतावे लागल लोग।
धोनी के घरे पहुंचलें कोहली, पंत आ ऋतुराज
जब टीम इंडिया रांची में मैच खेले आवेले, तs खिलाड़ी लोगन के धोनी के घर जाये के परंपरा रहल बा। अबकियो बेर रीत निभावल गइल बा। दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर रांची पहुंचल भारतीय टीम के कइयन गो खिलाड़ी- विराट कोहली, ऋषभ पंत आ ऋतुराज गायकवाड़- धोनी से मिले उनका घर पहुंचल लोग।
डिनर के बाद धोनी आ कोहली के एकही कार में निकलत देखल गइल। रिपोर्ट में दावा कइल गइल कि धोनी खुद कोहली के टीम होटल छोड़े गइलें, हालांकि आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। बाकिर वीडियो में कोहली के मुस्कान आ धोनी के सादगी देख के फैंस के पुरान याद ताजा हो गइल- ओह दौर के, जब दुनो लोग मिलके भारतीय क्रिकेट में इतिहास लिखल करे।
कोहली के फार्म पs नजर
ऑस्ट्रेलिया दौरा भले खराब सुरू भइल, बाकिर आखिरी मैच में विराट कोहली 74* रन ठोक के जोरदार वापसी कइलें। दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ उनकर रिकॉर्ड तs आउर कमाल के बा- 31 मैच में 1504 रन, औसत 65.39, पांच शतक आ आठ अर्धशतक।
एतने ना, ओवरऑल 305 वनडे में 14,255 रन अउर 51 शतक- वनडे में सबसे जादे शतक बनावे वाला खिलाड़ी बन गइल बाड़ें कोहली।
गिल-अय्यर बाहर
वनडे कप्तान शुभमन गिल आ उपकप्तान श्रेयस अय्यर चोट के वजह से सीरीज से बाहर बा लोग। गिल के गर्दन में चोट आइल बा, जबकि अय्यर सिडनी में कैच लेत घरी चोटिल भइलें। एह हालत में कोहली पs जिम्मेदारी आउर बढ़ गइल बा।
राहुल कप्तान-30 नवंबर से सीरीज सुरू
भारत 30 नवंबर से रांची में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज खेली।
- पहिला वनडे – 30 नवंबर, रांची
- दूसरा वनडे – 3 दिसंबर, रायपुर
- तीसरा वनडे – 6 दिसंबर, विशाखापत्तनम
गिल आ अय्यर के गैरमौजूदगी में केएल राहुल टीम के कमान संभरिहें। राहुल अब तक 88 वनडे में 3092 रन बनवले बाड़ें।
भारतीय टीम (India Squad)
रोहित शर्मा, यशस्वी जयसवाल, विराट कोहली, तिलक वर्मा, केएल राहुल (कप्तान/विकेटकीपर), ऋषभ पंत (विकेटकीपर), वाशिंगटन सुंदर, रवींद्र जडेजा, कुलदीप यादव, नीतीश कुमार रेड्डी, हर्षित राणा, ऋतुराज गायकवाड़, प्रसिद्ध कृष्णा, अर्शदीप सिंह, ध्रुव जुरेल।
Read Also: Maharastra Politics : का एकनाथ शिंदे फेर बनिहें मुख्यमंत्री? फडणवीस स







