IND vs SA 1st ODI: एह रेकॉर्ड से मात्र 98 रन दूर बाड़ें रोहित शर्मा, सचिन-कोहली-द्रविड़ के खास लिस्ट में होइहें सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 29, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा अब एगो आउर ऐतिहासिक कीर्तिमान बनावे से बस एक डेग दूर बाड़ें। रोहित जल्दिये ओह चुनिंदा भारतीय बल्लेबाजन में सामिल हो सकेले, जे 20,000 अंतरराष्ट्रीय रन

Share

Rohit Sharma becomes number one in ICC ODI rankings, breaks Sachin Tendulkar’s 14-year-old record

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा अब एगो आउर ऐतिहासिक कीर्तिमान बनावे से बस एक डेग दूर बाड़ें। रोहित जल्दिये ओह चुनिंदा भारतीय बल्लेबाजन में सामिल हो सकेले, जे 20,000 अंतरराष्ट्रीय रन पूरा कइले बा। ई कमाल इंडिया में एतना दिन तक खाली तीन गो बल्लेबाज- सचिन तेंदुलकर, विराट कोहली आ राहुल द्रविड करे में सफल रहल बा लोग ।

अब बस 98 रन के जरूरत

रोहित शर्मा कुल 19,902 अंतरराष्ट्रीय रन बना चुकल बाड़ें, आ अब 20,000 के आंकड़ा छुए से ऊ बस 98 रन दूर बाड़ें। रोहित अभी तक 502 इंटरनेशनल मैच खेल चुकल बाड़ें। टेस्ट में हिटमैन 4,301 रन आ वनडे में 11,370 रन बनवले बाड़ें। टेस्ट से ऊ अब रिटायर हो चुकल बाड़ें। ओहिजा, टी20 इंटरनेशनल में 4,231 रन बना चुकल रोहित एहु फॉर्मेट से संन्यास ले चुकल बाड़ें। अब ऊ बस एके फॉर्मेट वनडे क्रिकेट में खेल रहल बाड़ें।

भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका सीरीज में हो सकेला कमाल

रोहित शर्मा 30 नवंबर से सुरू होखे जा रहल दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज में मैदान पs वापसी कs रहल बाड़ें। पहिला मुकाबला रांची के JSCA स्टेडियम में खेलल जाई। एह सीरीज में रोहित के प्रदर्शन ना खाली उनका बैटिंग रिद्म खातिर जरूरी रही, बलुक संगही एह रिकॉर्ड के पूरा करे में अहम भूमिका निभाई।

बता दीं कि ऑस्ट्रेलिया दौरा में रोहित जबरदस्त फॉर्म में दिखल रहस, जहां ऊ सिडनी में 121* रन के नाबाद पारी खेलले रहे। एह पारी में 13 चौका आ तीन छक्का सामिल रहे।

रोहित के ऊपर के-के बा?

भारत खातिर अभी सबसे ज्यादा रन बनावे के रेकॉर्ड सचिन तेंदुलकर के नान बा-34,357 रन। ओकरा बाद विराट कोहली 27,673 रन आ तीसरा नंबर पs राहुल द्रविड़ 24,064 रन के संगे बाड़ें। अब रोहित शर्मा बस 98 रन दूर बाड़ें, आ जल्दिये शहरलिस्ट में चउ था भारतीय बन सकेलें।

विराट कोहली मैदान में करिहें वापसी

रोहित शर्मा जइसने विराट कोहली अब खाली वनडे क्रिकेट खेलत बाड़ें आ दक्षिण अफ्रीका सीरीज में फेर से मैदान पs उतरिहें। पिछला घरेलू टेस्ट सीरीज में 2-0 से हार के बाद भारत एह दौरा में आपन आत्मविश्वास मजबूत करे के कोसिस करी।

Read Also: 29 नवंबर 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.