[the_ad_group id="30365"]

KKBKKJ: सलमान खान आपन ‘ड्रीम गर्ल’ के खुलासा कईले, ए लईकी के चलते भाईजान रह गईले कुंवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

केकेबीकेकेजे : सलमान खान के फिलिम ‘किसी का भाई किसी की जान’ रिलीज हो गइल बा। एह फिलिम के साथ भाईजान आपन ‘ड्रीम गर्ल’ के भी खुलासा कइले बाड़न, जवना के वजह से ऊ आजुओ बैचलर बाड़े।

किसी का भाई किसी के जान : सलमान खान के फिलिम ‘किसी का भाई किसी की जान’ एह शुक के दिने रिलीज भइल। फिल्म के प्रदर्शन एक दिन पहिले भी भईल रहे जवना में भाईजान के बॉलीवुड के सभ दोस्त शामिल भईले। एही बीच सलमान खान के एगो वीडियो वायरल होता, जवना में उ अपना ‘ड्रीम गर्ल’ के नाम के खुलासा करतारे। हालांकि ए विडियो में उनुकर आवाज सुनाई देता आ उनुकर चेहरा उनुका सपना के लईकी के बा, जेकरा खातीर भईजान के आज तक बियाह ना भईल।

रउरा भी सलमान खान के ड्रीम गर्ल के जाने के बहुत उत्सुकता रहल होई। त आईं पहिले सलमान खान के ड्रीम गर्ल के नाम के खुलासा कइल जाव। पूजा, भाईजान के ड्रीम गर्ल हई आ ऊ दोसर केहू ना आयुषमान खुराना हउए। ई सुन के रउरा चेहरा पे मुस्कान जरूर आईल होई। खैर, बॉलीवुड से लेके हर इंडस्ट्री तक स्टार अपना दोस्त के फिल्म के प्रचार करेले, एहसे रितेश देशमुख आ सलमान खान भी एक दूसरा के फिल्म के प्रचार करतारे।

बतावत बानी कि आयुषमा के फिल्म ‘ड्रीम गर्ल 2’ जुलाई में रिलीज होखे वाली बिया। एह फिलिम के एगो टीजर हालही में रिलीज भइल बा जवना में पूजा बेबी के किरदार निभावत आयुष्मान खुराना लाल रंग के साड़ी में लउकत बाड़न। हालांकि अबकी बेर भी उ ए वीडियो में आपन चेहरा नईखन बतवले, लेकिन बैकग्राउंड से आवत सलमान खान के आवाज़ निश्चित रूप से प्रशंसक के उत्साह बढ़ा रहल बा।

बता दीं, अनन्या पाण्डेय के आयुषमान खुराना के फिलिम ‘ड्रीम गर्ल 2’ में देखे के मिली। दोसरा तरफ सलमान खान के फिल्म ‘किसी का भाई किसी की जान’ 21 अप्रैल के रिलीज भइल जवना में पूजा हेगड़े, पलक तिवारी, शहनाज गिल, राघव जुयाल जइसन सितारन के देखे के मिलेला। एह फिलिम में राम चरण के कैमियो रोल भी देखे के मिली।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]