Breaking: पटना के मशहूर खान सर के बाद गुरु रहमान पुलिस हिरासत में

Anurag Ranjan
पुलिस हिरासत में खान सर।

पटना: BPSC परीक्षा के नॉर्मलाइजेशन के विरोध में भइल प्रदर्शन के दौरान सुक के सांझ कोचिंग संचालक खान सर आ छात्र नेता दिलीप के पुलिस हिरासत में ले लेलस। सबेरही से अभ्यर्थी नॉर्मलाइजेशन नीति के खिलाफ प्रदर्शन करत रहे लो। जवना के दौरान पुलिस के लाठीचार्ज तक करे के पड़ल। खान सर प्रदर्शनकारियन के समर्थन में गर्दनीबाग धरनास्थल परs पहुंचल रहस। प्रशासन जल्दिये प्रदर्शनकारियन के हटावे के बात कहले बा।

एह इंटरव्यू के जरूर देखीं: प्रख्यात गायिका शालिनी दुबे से अनुराग रंजन के विशेष बतकही। SHALINI DUBEY। KHABAR BHOJPURI।

दरअसल, बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) के परीक्षा में नॉर्मलाइजेशन प्रक्रिया के लेकर छात्रन में बहुते गुस्सा बा। ऊ एह नीति के हटावे के मांग कs रहल बा लो। सुक के सबेरही से पटना में बड़ संख्या में अभ्यर्थी सड़कन पs उतर आइल लो आ प्रदर्शन सुरू कs दिहल। लगभग चार घंटा तक पुलिस आ प्रदर्शनकारियन के बीच नोकझोंक चलत रहल।। इस्थिति के नियंत्रित करे खातिर पुलिस के लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल।

मशहूर शिक्षक खान सर के पटना पुलिस सुक के सांझ हिरासत में ले लेलस
मशहूर शिक्षक खान सर के पटना पुलिस सुक के सांझ हिरासत में ले लेलस

खान सर धरनास्थल पs पहुंचके अभ्यर्थियन के कइले रहस समर्थन

एह घटना के बाद प्रदर्शनकारी गर्दनीबाग धरनास्थल पर जमा हो गइल लो अपना विरोध जारी रखल। प्रसिद्ध कोचिंग संचालक खान सर छात्रन के समर्थन में प्रदर्शन में सामिल भइलें। ऊ गर्दनीबाग धरनास्थल पs पहुंचके अभ्यर्थियन के मांगन के समर्थन कइलें। खान सर छात्रन से कहलें कि ऊ ओह लोगन के संगे बाड़ें आ ओह लोगन के पूरा समर्थन करत बाड़ें। ऊ कहलें कि नॉर्मलाइजेशन के नीति छात्रन के हित में नइखे।

पटना पुलिस खान सर आ छात्र नेता दिलीप के हिरासत में लेलस

सांझ के पटना पुलिस खान सर आ छात्र नेता दिलीप के हिरासत में ले लेलस। गर्दनीबाग थाना पुलिस दुनो के थान ले गइल। प्रशासन चेतावनी देलस कि प्रदर्शनकारियन के जल्दिये धरनास्थल से हटा दिहल जाई। एह घटना के बाद छात्रन में आउर जादे रोष बा। खान सर के समर्थन में कइयन हगो छात्र सोशल मीडिया पs आपन आवाज उठा रहल बा लो।

इहो पढ़ी: दिल्ली विधानसभा चुनाव से पहिले अरविंद केजरीवाल के बड़ आरोप, ‘बीजेपी वोटर लिस्ट से नाव कटवा रहल बा’

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment