पटना में BPSC दफ्तर के बाहर छात्रन के हंगामा, पुलिस कइलस लाठीचार्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2024

पटना के बीपीएससी कार्यालय के बहरी विरोध प्रदर्शन करत छात्रन के विरोध अब हिंसक रूप ले लिहले बा, एकरा के शांत करे खातिर पुलिस लाठीचार्ज के सहारा लेले बिया. छात्र अपना मांग के लेके विरोध

Share

पटना में BPSC दफ्तर के बाहर छात्रन के हंगामा

पटना के बीपीएससी कार्यालय के बहरी विरोध प्रदर्शन करत छात्रन के विरोध अब हिंसक रूप ले लिहले बा, एकरा के शांत करे खातिर पुलिस लाठीचार्ज के सहारा लेले बिया. छात्र अपना मांग के लेके विरोध प्रदर्शन करतारे।

बिहार के राजधानी पटना में बीपीएससी कार्यालय के बहरी छात्र भारी हंगामा मचवले बाड़े। हंगामा एतना जादे रहे कि पुलिस के छात्र के तितर-बितर करे खातीर लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। बता दीं कि 13 दिसंबर के होखे वाला 70वीं बीपीएससी प्रीलिम्स परीक्षा के नियम में बदलाव के लेके पटना में सैकड़ों उम्मीदवार विरोध प्रदर्शन करत बाड़े। एह दौरान छात्र कड़ा विरोध करत बाड़े अवुरी नियम में बदलाव के खिलाफ नारा लगावत बाड़े। संगही, उs लोग राज्य सरकार से एकरा पs फेर से विचार करे के मांग करतारे। एह भयंकर प्रदर्शन के देखत पुलिस छात्रन पs लाठी भजलस.
उम्मीदवार के देखत मौका पs भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। मौका पs पहुंचल डीएसपी अनु कुमारी कहली कि अब जवना तरह से उs लोग (उम्मीदवार) विरोध करतारे, उs गैरकानूनी बा। एह लोग के कवनो तरह के अनुमति नइखे. ई लोग सड़क जाम कs रहल बा। अवरुद्ध कs रहल बाड़े। इ सब गैरकानूनी बा। हम एह लोग से पांच लोग के नाम पूछत बानी। हमनी के पांच लोग के लेके जाईब जा, जवन कि प्रतिनिधिमंडल में बाड़े.

इहो पढ़ीं: राष्ट्रपति मुर्मू, पीएम मोदी आ खरगे समेत दिग्गज नेता बाबा साहेब अंबेडकर के दिहलें श्रद्धांजलि

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.