चंडीगढ़। पंजाब पुलिस आतंक आ संगठित अपराध पs कड़ा कार्रवाई करत खालिस्तानी आतंकी संगठन बब्बर खालसा इंटरनेशनल (बीकेआई) से जुड़ल आतंकी परविंदर सिंह उर्फ पिंडी के अबू धाबी, यूएई से भारत ले आवे में सफल भइल।
ऑपरेशन में केंद्रीय एजेंसी, बिदेस मंत्रालय आ UAE सरकार के सहजोग
ई कार्रवाई पंजाब पुलिस, केंद्रीय एजेंसी, बिदेस मंत्रालय आ यूएई सरकार के सहजोग से सफल भइल। पिंडी, कुख्यात बिदेसी आतंकी हरविंदर सिंह उर्फ रिंदा आ हैप्पी पासिया के करीबी सहजोगी बा। ओकरा ऊपर कइयन गो संगीन अपराध के आरोप बा, जइसे कि पेट्रोल बम हमला, हिंसक वारदात आ फिरौती वसूली।
पिंडी के आतंक मुख्य रूप से बटाला–गुरदासपुर में
पिंडी के आतंक मुख्य रूप से बटाला-गुरदासपुर इलाका में फइलल रहल, जेसे आम लोग में दहशत के माहौल बनल रहे। बटाला पुलिस के मांग पs इंटरपोल रेड कॉर्नर नोटिस (RCN) जारी कइले रहे।
ऐतिहासिक अभियान
24 सितंबर 2025 के, पंजाब पुलिस के चार सदस्यीय विशेष टीम वरिष्ठ अधिकारी के नेतृत्व में अबू धाबी रवाना भइल। टीम बिदेस मंत्रालय आ स्थानीय यूएई अधिकारियन के संगे मिलके सब कानूनी औपचारिकता पूरा कइलस आ पिंडी के भारत ले आके न्याय के कटघरा में पहुंचावल गइल
डीजीपी गौरव यादव के बयान
डीजीपी गौरव यादव के अनुसार, पिंडी बिदेसी आतंकी हरविंदर सिंह उर्फ रिंदा आ हैप्पी पासिया के करीबी सहजोगी बा आ बटाला–गुरदासपुर में कइयन गो जघन्य अपराध में सामिल रहल बा। ई कार्रवाई आतंकी नेटवर्क के खिलाफ बड़ उपलब्धि बा आ संगठन के जीरो टॉलरेंस पॉलिसी के दरसावत बा।
आगे के कार्रवाई पs प्रभाव
पंजाब पुलिस आशा करत बिया कि पिंडी के जानकारी से आउर बिदेसी नेटवर्क आ आतंकियन के बारे में पता चल सकी, जवना से भविष्य में आउर कड़ा डेग उठावल जा सकी। ई कार्रवाई पंजाब आ देस के सुरक्षा के मजबूत बनावे में मदद करी।
पंजाब में आतंकवाद बा चुनौती
गौर करे वाला बात बा कि पंजाब में लमहर समय से आतंकवाद आ गैंगस्टर नेटवर्क चुनौती रहल बा। एह कार्रवाई से अपराधियन में डर पैदा होई आ आम जनता के ई संदेश मिली कि सरकार आ सुरक्षा एजेंसी पूरा मजबूती से सुरक्षा के ध्यान रखत बाड़ी सs।