Gorakhpur News : महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के अध्यक्ष प्रो. यूपी सिंह के निधन, लमहर समय से चलत रहलें बीमार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2025

गोरखपुर। महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के अध्यक्ष, पूर्व कुलपति आ राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ गोरक्ष प्रांत के पूर्व प्रांत संघचालक प्रो. उदय प्रताप सिंह के सनिचर के भाेर में गोरखपुर में निधन हो गइल। ऊ 92

Share

गोरखपुर। महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के अध्यक्ष, पूर्व कुलपति आ राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ गोरक्ष प्रांत के पूर्व प्रांत संघचालक प्रो. उदय प्रताप सिंह के सनिचर के भाेर में गोरखपुर में निधन हो गइल। ऊ 92 बरिस के रहलें।

जीवन भर गोरक्षपीठ के समर्पित रहलें प्रो. यूपी सिंह

प्रो. यूपी सिंह लमहर समय से बेमार रहस। उनकर दूगो लईका बा लोग- प्रो. वीके सिंह (गोरखपुर विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति) आ डॉ. राजीव कृष्ण सिंह (यूपी कॉलेज वाराणसी के प्रवक्ता)। मुख्यमंत्री आ गोरक्षपीठाधीश्वर महंत योगी आदित्यनाथ प्रो. सिंह के निधन पs गहरा दुख व्यक्त कइलें। उनकर शुभचिंतक, गोरक्षपीठ आ आरएसएस से जुड़ल पदाधिकारी आ शिक्षा जगत के लोग उनका आवास पs श्रद्धांजलि देवे जुटल बा लोग।

शिक्षा क्षेत्र में योगदान

प्रो. सिंह के शिक्षा के क्षेत्र में सुरुआत महाराणा प्रताप डिग्री कॉलेज से भइल। तत्कालीन गोरक्षपीठाधीश्वर महंत दिग्विजयनाथ उनकर नियुक्ति कइले रहलें। जब महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के महाविद्यालय गोरखपुर विश्वविद्यालय के स्थापना खातिर दे दिहल गइल, तब प्रो. यूपी सिंह विश्वविद्यालय में सामिल हो गइलें। ऊ गणित विभाग के प्रवक्ता रहलें आ बाद में पूर्वांचल विश्वविद्यालय के कुलपति बनलें। 2018 में महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद के अध्यक्ष बनलें आ जीवन के अंतिम दिन तक शिक्षा परिषद के कार्य में सक्रिय रहलें।

अंतिम संस्कार अतवार के राजघाट पs

प्रो. यूपी सिंह के निधन से महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद आ गोरक्षपीठ से जुड़ल संस्थानन में शोक के लहर दौड़ गइल बा। अंतिम संस्कार अतवार के, 28 सितंबर के पावन राप्ती नदी के राजघाट पs दिन 12 बजे होई। गोरक्षपीठाधीश्वर आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अंतिम बिदाई देवे खातिर मवजूद रहिहें।

Read Also: Bareli : बवाल के बाद मौलाना तौकीर रजा के बढ़ल मुश्किल, सैकड़न अझात पs FIR दर्ज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.