Gorakhpur Encounter : गोरखपुर कांड के आरोपी जुबैर मुठभेड़ में मारल गइल, बुलेटप्रूफ जैकेट से बचल सीओ के जान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2025

गोरखपुर। गोरखपुर बवाल के मुख्य आरोपी आ एक लाख के इनामी गो-तस्कर जुबैर उर्फ कालिया पुलिस मुठभेड़ में ढेर हो गइल। गोलीबारी में दरोगा राहुल सिंह आ सिपाही संदीप सिंह घायल भइल बा लो। मुठभेड़

Share

गोरखपुर। गोरखपुर बवाल के मुख्य आरोपी आ एक लाख के इनामी गो-तस्कर जुबैर उर्फ कालिया पुलिस मुठभेड़ में ढेर हो गइल। गोलीबारी में दरोगा राहुल सिंह आ सिपाही संदीप सिंह घायल भइल बा लो। मुठभेड़ के दौरान सीओ सिटी जितेंद्र सिंह के बुलेटप्रूफ जैकेट पs दू गोली लागल, जवना के चलते ऊ बाल-बाल बच गइलें।

मुठभेड़ चाकू चौराहा, गंज थाना इलाका में भइल। रात करीब दस बजे पुलिस चेकिंग करत रहे। एही दौरान बाइक सवार जुबैर के रोकल गइल तs ऊ पिस्टल से फायरिंग सुरू कs देलस। जवाबी कार्रवाई में पुलिस गोली मार देलस, जेकरा चलते गोली सीधा जुबैर के सीना में लागल। ओकरा के जिला अस्पताल ले लावल गइल बाकिर डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs दिहल।

घटना के बाद डीआईजी मुनिराज जी, डीएम जोगिंदर सिंह आ एसपी विद्यासागर मिश्र मौका पs पहुंच के हालात के जायजा लिहल लोग। मुठभेड़ में आरोपी के लगे से पिस्टल, तमंचा आ कइयन गो कारतूस बरामद भइल। पुलिस अब जुबैर के साथी के तलाश करत बिया, जवन अनहरिया के फायदा उठा के भाग निकलल।

डीआईजी मुनिराज जी बतवलें कि जुबैर पs पहिलही से एक लाख के इनाम घोषित रहे आ ऊ गोरखपुर बवाल (दीपक हत्याकांड) के मुख्य आरोपी रहे। पुलिस ओकरा आपराधिक रिकार्ड खंगाल रहल बिया।

Read Also: UAE से भारत ले आवल गइल खालिस्तानी आतंकी परविंदर सिंह, पंजाब में पेट्रोल बम से कइल गइल धमाका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.