केन्या सड़क हादसा: बस के खाई में गिरले से 5 भारतीयन के गईल जान, घायल भइल 27 लोग

Share

केन्या में बस दुर्घटना में नाहियो तs 5 भारतीय नागरिकन के मउत हो गइल बा. ई लोग कतर में रहत रहले आ छुट्टी मनावे केन्या गइल रहले. दुर्घटना के जानकारी दोहा में भारतीय दूतावास के ओर से दिहल गईल बा। दूतावास ‘एक्स’ पs पोस्ट कईलस कि, कतर के 28 भारतीय के एगो समूह केन्या के दौरा पs रहे, जहां जवना बस में उs लोग जात रहले, ओकरा दुर्भाग्य से दुर्घटना हो गईल।’ नैरोबी में भारतीय उच्चायोग के अधिकारी मौका पs मौजूद बाड़े अवुरी हर संभव मदद करतारे।

भारतीय उच्चायोग हर संभव मदद दे रहल बा

नैरोबी में भारतीय उच्चायोग ‘एक्स’ पs पोस्ट कईलस कि, ‘हमनी के न्यांदरुआ काउंटी के ओल जोरोरोक-नाकुरु रोड पs भईल दुखद सड़क दुर्घटना से बहुत दुखी बानी, जवना में 5 भारतीय नागरिक के जान चल गईल।’ उच्चायोग कहलस कि शोक संतप्त परिवार के प्रति संवेदना बा। घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के दुआ बा। उच्चायोग के काउंसलर टीम मौका पs बिया अवुरी स्थानीय प्राधिकरण से निकट संपर्क में बिया अवुरी जरूरी मदद करतिया।’

बस खाई में गिर गईल

‘द गल्फ टाइम्स’ अखबार में खबर आइल बा कि जवना बस में भारतीय पर्यटक सफर करत रहले ऊ बेकाबू होके उत्तर पूर्वी काउंटी न्यांदरुआ में खाई में गिर गइल. अखबार सामुदायिक सूत्र के हवाला से कहलस कि एs दुर्घटना में दक्षिण भारत के कम से कम 5 पर्यटक के मउत हो गईल। मरेवाला लोग के पहचान अबे ले सत्यापन नईखे भईल, जबकि २७ जने घाही बाड़े। घाही लोग के केन्या के अलग अलग अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-