पटना: वाहन चेंकिंग करत रहे पुलिसकर्मी, तबे तेज रफ्तार कार  मरलस टक्कर, 1 के मउत, कैमरा में कैद भइल दर्दनाक घटना

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2025

गाड़ी जांच के दौरान पुलिसकर्मी एगो गाड़ी के रोक देले, जवना के जांच होखत रहे। एही बीच पीछे से आवत एगो तेज रफ्तार स्कॉर्पियो जांच खातीर खड़ा गाड़ी के टक्कर मार देलस। एह हादसा में

Share

गाड़ी जांच के दौरान पुलिसकर्मी एगो गाड़ी के रोक देले, जवना के जांच होखत रहे। एही बीच पीछे से आवत एगो तेज रफ्तार स्कॉर्पियो जांच खातीर खड़ा गाड़ी के टक्कर मार देलस। एह हादसा में एगो महिला पुलिस अधिकारी के मउत हो गईल।

बिहार के राजधानी पटना में बुध के रात गाड़ी जांच के दौरान एगो बड़ दुर्घटना भईल, जवना में एगो महिला पुलिसकर्मी समेत तीन पुलिसकर्मी गंभीर रूप से घाही हो गईले। महिला पुलिसकर्मी के इलाज के दौरान मौत हो गईल, जबकि दु अवुरी घाही के हालत अबे गंभीर बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.