[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में जल संकट के लेके सुप्रीम कोर्ट पहुंचल केजरीवाल सरकार, अदालत में रखलस ई मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भीषण गर्मी के बीच पानी के समस्या से जूझ रहल दिल्ली के राहत दिआवे खातिर अब केजरीवाल सरकार देश के सर्वोच्च अदालत के रुख कइले बा। दिल्ली सरकार सुप्रीम कोर्ट में एगो याचिका दायर कइले बा जवना में उऽ हरियाणा सरकार के निर्देश देवे के मांग कइले बा कि उऽ ज्यादा मात्रा में पानी दिल्ली के देवे जवना से पानी के मार झेल रहल दिल्ली के राहत मिले।

दिल्ली में बरकरार जल संकट के लेके अब दिल्ली सरकार सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटवले बा। दिल्ली सरकार अदालत से मांग कइलस कि उऽ हरियाणा के अधिक पानी सप्लाई करे के आदेश देवे।

दिल्ली के आप सरकार कोर्ट के बतवले बिया कि शहर में पानी के मांग भीषण गर्मी के चलते बढ़ गइल ना आ पड़ोसी राज्य हरियाणा के ई निर्देश दिहल जाव कि उऽ एक महीना खातिर पानी के अतिरिक्त सप्लाई करे।

ई सबभकर जिम्मेदारी बा….’

सरकार ने इहो कहलस कि ई सभकर जिम्मेदारी बा कि दिल्ली के पानी के मांग के पूर्ति होखे। एकरा साथही शुक के दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल एगो ट्वीट के माध्यम से यूपी आ हरियाणा दुनु राज्यन के सहयोग खातिर कहले।

दिल्ली के जल मंत्री आतिशी के अनुसार, राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली पानी के किल्लत से एहसे जूझ रहल बिया काहेकि हरियाणा ओकरा हिस्सा के पानी नइखे देत।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]