केजरीवाल के घर के बाहर तोड़फोड़: द कश्मीर फाइल्स पर सीएम के बयान के विरोध
भाजयुमो प्रमुख तेजस्वी सूर्या हिरासत में लेहल गइने
कश्मीर फाइल्स के लेके आम आदमी पार्टी अउर केजरीवाल सरकार आमने-सामने बा। बुधवार के भाजपा कार्यकर्ता लोग सांसद तेजस्वी सूर्या के अगुवाई में सीएम केजरीवाल के आवास के बाहर प्रदर्शन कइल अउर उनके घर के बाहर नारेबाजी कइल। एकरे बाद से आम आदमी पार्टी भाजपा पs हमलावर हो गइल बा अउर ऊ सीएम आवास पर तोड़फोड़ कइले के आरोप भाजपा कार्यकर्तन पर लगवले बा। दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया बुधवार के ट्वीट के बड़ आरोप लगवले बा कि कौनो असामाजिक तत्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के घर के बाहर लागल सीसीटीवी कैमरे तूड देहले अउर उहवाँ लागल बूम बैरियरो तूड़ देहने।
सिसोदिया कइने ई ट्वीट
मनीष सिसोदिया के संगही कई आप नेता लोग ट्वीट क के एह पूरा घटना के लेहल भाजपा के जिम्मेदार ठहरवने अउर दावा कइले बा कि ई सब पुलिस के मौजूदगी में भइल। डिप्टी सीएम अपने पहले ट्वीट में लिखले, ‘दिल्ली में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के घर पर असामाजिक तत्व हमला कइल सीसीटीवी कैमरे अउर सिक्योरिटी बैरियर तोड़ देहले बाने। गेट पर लागल बूम बैरियरो तोड़ देहले बाने।‘
Punjab में AAP की जीत से बौखलाई BJP
Delhi Police के साथ मिलकर किया CM @ArvindKejriwal पर जानलेवा हमला
BJP इतनी बौखला गई है कि केजरीवाल जी की हत्या की साज़िश रच रही है
BJP को डर है कि केवल केजरीवाल ही PM Modi को टक्कर दे सकते हैं इसलिए उन्हें जान से मारना चाहती है#BJPKeGunde pic.twitter.com/xs28gozeS2
— AAP (@AamAadmiParty) March 30, 2022
Comments are closed.