केतनो छिपा लीं, उ हमरा के ढूंढ लेता…’,SRH के मालकिन Kavya Maran IPL मैचन के लेके बड़ खुलासा कइली

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल टीम सनराइजर्स हैदराबाद (SRH) जब कवनो मैच खेले ले, तब-तब मैच से जादे महफिल टीम के मालकिन काव्या मारन लूट लेली ।

काव्या के अक्सर अपना हैदराबाद टीम के सपोर्ट करत स्टेडियम में स्पॉट कइल जाला । मैच में सनराइजर्स हैदराबाद के टीम के जीत आ हार होखे, काव्या के मीम्स तेजी से इंटरनेट पऽ छाइल रहेली। अब उ एकरा के लेके बड़ खुलासा कइले बाड़ी।

Kavya Maran अपना वायरल मीम्स पs तोड़ली चुप्पी

दरअसल, साल 2023 में काव्या मारन (Kavya Maran) रातरात इंटरनेट पऽ ओह घरी छा गइली जब उ सनराइजर्स हैदराबाद टीम के कमान संभरली। एकरा बाद उ हैदराबाद के टीम के मवजूदा समय में सबसे मजबूत फ्रेंचाइजी बनवला में कामयाब भइली। उनका टीम में ट्रेविस हेड, पैट कमिंस, हेनरिक क्लासेन जइसन धुरंधर खिलाड़ी सामिल बा लो।

काव्या के स्टेडियम में अक्सर अपना टीम के सपोर्ट करत देखल जा सकेला। कइयन गो मवकन पs, काव्या के SRH के ड्रेसिंग रूम में मोटिवेशनल स्पीच देत देखल गइल बा। उ एगो इंटरव्यू के दौरान एह खेल के खातिर अपना जुनून के लेके बात कइली। उ एह पऽ खुल के बात कइली कि उ स्टेडियम में चाहे बॉक्स में काहे ना बइठल होखस, तबो कैमरामैन उनका के खोज लेला लो।

इनसाइडस्पोर्ट के संगे एगो बातचीत में उ कहली,

“ई हमार वास्तविक भावना हs जवन रउआ देखेनी। हैदराबाद में, हम कुछ ना कs सकेनी। हमरा उहां बइठेके पड़ेला। ई एकमात्र अइसन जगह हs जहवां हम बइठ सकेनी, बाकिर जब हम अहमदाबाद आ चेन्नई जानी तब हम कइयन फीट दूर, कवनो बॉक्स में बइठल रहननी, तबो कैमरामैन हमरा के खोज लेला। एहसे, हमके समझ में आवेला कि ई मीम्स कइसे बन जाला।”

बता दीं कि सनराइजर्स हैदराबाद आखिरी बेर साल 2016 में आईपीएल के खिताब जीतले रहे। तब से ई फ्रेंचाइजी टूर्नामेंट के फाइनल में खाली दू बेर साल 2018 आ 2024 में पहुंच सकल। काव्या मारन के हैदराबाद के टीम के आपन दूसरका खिताब जीते के ओकर तलाश अभियो जारी बा।

Read Also: PM Modi in Brazil’ ई देस ना हम मिटे देहेम…’, ब्राजील में ऑपरेशन सिंदूर के धूम, डांस के संगे भइल पीएम मोदी के ग्रैंड वेलकम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-