[the_ad_group id="30365"]

करीना- करिश्मा से शशि कपूर के बेटी जादा सुंदर बाड़ी, लोग के मुंह खुलल रह गईल, उ लोग कहले – बॉलीवुड में अयीसन केहु नईखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिग्गज अभिनेता शशी कपूर के बेटी संजना कपूर देखाई देवे में बहुत सुंदर अवुरी ग्लैमरस बाड़ी। संजना के देखला के बाद लोग कपूर परिवार के सबसे सुंदर लईकी बता रहल बाड़े।

शशी कपूर अपना समय के सबसे लोकप्रिय आ सुन्दर हीरो रहले। फिल्म इंडस्ट्री के सबसे बढ़िया देखाई देवे वाला कलाकार में उनुकर नाम शामिल भईल। शशी कपूर के जनम 18 मार्च 1938 के कलकत्ता के ब्रिटिश राज में भइल रहे। ई लोग फिल्म जगत के मशहूर निर्माता-निर्देशक पृथ्वीराज कपूर के बेटा हउए।

शशि कपूर के असली नाम बलबीर राज कपूर ह। शशि कपूर के बियाह ब्रिटिश अभिनेत्री जेनिफर से भइल, जवना से उनुकर तीन गो संतान भइल। शशि कपूर आ जेनिफर के दू गो बेटा आ एगो बेटी बाड़ी। आजु एह पोस्ट में शशि कपूर के बेटी संजना कपूर से बात हो रहल बा।

लोग सोचत बा कि करिश्मा कपूर ,कपूर परिवार के पहिली बेटी रहली जे फिलिमन में अभिनय कइली। लेकिन रउरा के बाता दी की करिश्मा कपूर से पहिले संजना कपूर फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ी। हँ, संजना कपूर फिल्मी शुरुआत अपना पिता शशी कपूर के बनावल फिल्म ‘36 चौरंगी लेन’ में कइली।

एकरा बाद 17 साल के उमिर में रेखा के साथे ‘उत्सव’ (1984) में नजर अइली। संजना के पहिला लीड रोल नसीरुद्दीन शाह के साथे 1988 में फिल्म ‘हिरो हीरालाल’ में मिलल रहे। एकरा बाद संजना कपूर मीरा नायर के फिल्म ‘सलाम बॉम्बे’ में भी देखाई देली।

पिछला बेर संजना कपूर के 1994 में फिल्म ‘अरण्यक’ में देखल गइल रहे जवना के निर्देशन एके बीर कइले रहले। साल 2012 से संजना एगो रंगमंच आधारित संस्था ‘जूनून थियेटर’ शुरू कइली जवना खातिर उनुका के फ्रेंच अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा। त शशि कपूर के बेटी संजना कपूर के कईसन लगली?

 

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]