Kanya Sumangala Yojana: रक्षाबंधन पs CM योगी के सौगात, बेटी के जनम लेले पs अब मिली 25 हजार रुपिया

Share

 

कन्या सुमंगला योजना ताजा अपडेट: रक्षाबंधन के पावन पर्व पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ राज्य के बेटी लोग के एगो बड़ उपहार देले बाड़े। बुध के दिने लोकभवन में आयोजित ‘मुख्यमंत्री कन्या सुमंगला’ योजना के लाभार्थियन से बातचीत के कार्यक्रम के संबोधित करत ऊ एह योजना के धन में बढ़ोतरी के एलान कइलन। सीएम योगी कहले कि डबल इंजन सरकार कन्या सुमंगला योजना के रकम वित्तीय वर्ष 2024-2025 से 15 हजार रुपया से बढ़ा के 25 हजार रुपिया करे जा रहल बिया। एहसे राज्य के बेटी के आपन सपना पूरा करे में आसानी होई। पढ़ल-लिखल होखे के संगे उ आत्मनिर्भर बने में भी सक्षम होईहे।

बेटी के जनम लेले पs 5 हजार रुपिया दिहल जाई

कार्यक्रम में सीएम योगी (योगी आदित्यनाथ) कहले कि पहिले ए योजना (कन्या सुमंगला योजना) के तहत 6 चरण में 15 हजार रुपया के पैकेज दिहल गईल रहे। अगिला साल से बेटी के जन्म जसही होइ, ओकरा गार्जियन के खाता में 5 हजार फंड ट्रांसफर हो जाई। ठीक ओसही जब बेटी एक साल के होखे त दु हजार रुपया, बेटी के पहिला क्लास में प्रवेश करते तीन हजार, छठवां क्लास में एडमिशन लेवे पs तीन हजार, नौवीं क्लास में गईला पs पांच हजार अवुरी जदी… बेटी ग्रेजुएट भा डिप्लोमा भा सर्टिफिकेट कोर्स अगर ऊ करी त हमनी के ओकरा खाता में सात हजार रुपिया के रकम ट्रांसफर कs देब जा। सीएम योगी कहले कि आजु राज्य में मुख्यामंत्री कन्या सुमंगला योजना के माध्यम से 16,240,00 हजार बेटी के लाभ पहुंचावल जा रहल बा।

बेसहारा महिला के राशन कार्ड मिल जाई

मुख्यमंत्री योगी कहले कि डबल इंजन सरकार के मानना ​​बा कि बेटी सिर्फ बेटी होखेला। ओकरा संगे कवनो स्तर पs कवनो भेदभाव ना होखे के चाही। ओकरा सुरक्षा, संरक्षण आ प्रगति के भी पर्याप्त अवसर मिले के चाहीं। सीएम योगी कहले कि राज्य के सभ निर्धन बहिन के राशन कार्ड, आयुष्मान भारत योजना समेत सरकार के सभ योजना में शामिल कईल जाई। कार्यक्रम में शामिल कन्या सुमंगला योजना के लाभार्थी कुछ लईकी सीएम योगी के माथे पs तिलक लगा के हाथ पs राखी बंधली।

5.82 करोड़ रुपिया के ट्रांसफर

सीएम योगी (योगी आदित्यनाथ) उनुका के उपहार भेंट करत उनुकर रक्षा करे के वादा कईले। कार्यक्रम में सीएम योगी एक क्लिक के माध्यम से 29523 लाभार्थी लड़कियन के खाता में 5.82 करोड़ रुपया के राशि ट्रांसफर कईले। सीएम योगी एह योजना के चेक 10 गो लाभार्थी लड़िकियन आ ओह लोग के माता-पिता के प्रतीक के रूप में भी बांटले। लाभार्थी रत्न मिश्रा बतवली कि उ ए योजना के माध्यम से पढ़ाई करे में सक्षम बाड़ी। एह से उनकर आत्मविश्वास बढ़ गइल बा। अब उ आपन सपना पूरा करे में सक्षम हो जइहें काहे कि उनुका लगे सीएम योगी बाड़े जे उनुका बेटी के देखभाल करेले।

छात्रा मुख्यमंत्री के प्रति आभार जतवली

दसवीं कक्षा के छात्रा अक्षरा कुशवाहा बतवली कि ए योजना (Kanya Sumangala Yojana) से उनुका निहन गरीब लईकिन के जीवन में बहुत बड़ बदलाव आईल बा। एकरा माध्यम से उ पढ़े में सक्षम बाड़ी अवुरी बाकी बच्चा के संगे कदम से कदम मिला के चले में सक्षम बाड़ी। कस्तूरबा कन्या इंटर कॉलेज के छठवीं कक्षा के छात्रा शिवंशी विश्वकर्मा सीएम योगी (योगी आदित्यनाथ) से संस्कृत में आपन परिचय करवली। साथ ही साथ देशभक्ति के भावना से भरल संस्कृत प्रयाण गीतम् पदं पदं प्रवर्धते… के पाठ करके कार्यक्रम में उपस्थित लोगन में देशभक्ति के भाव के संचार कइली। उ बतवली कि ए योजना के माध्यम से उ पढ़ाई क के शिक्षक बने के सपना पूरा क सकेली। शिवंशी एह योजना खातिर सीएम योगी के धन्यवाद देत बाड़ी।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-