[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू के मिलल नया वीसी, लखनऊ विश्वविद्यालय के प्रो० पूनम टंडन लिहें वर्तमान कुलपति प्रो० राजेश सिंह के स्थान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: लखनऊ विश्वविद्यालय के प्रोफेसर पूनम टंडन के दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के नया VC बनावल गइल बा। ऊ तीन साल तक एह पद पs कार्यरत रहिहें। यूपी के राज्यपाल आ डीडीयूजीयू के कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल उनका नियुक्ति संबंधी आदेस जारी कs देले बाड़ी। ऊ वर्तमान कुलपति प्रो० राजेश सिंह के स्थान लिहें।

भौतिक विज्ञान के प्रो० हई पूनम पांडेय 

पूनम टंडन एकरा पहिले लखनऊ विश्वविद्यालय में भौतिक विज्ञान विभाग में प्रोफेसर के पद सहित अधिष्ठाता कल्याण के पद पs कार्यरत रहली। डीडीयू के वीसी प्रो० राजेश सिंह के कार्यकाल 04 सितंबर के पूरा हो रहल बा। उनका रिटायरमेंट के देखत वीसी के पद पs प्रो० पूनम टंडन के नियुक्ति कइल गइल बा।

वर्तमान कुलपति प्रो० राजेश सिंह के कार्यकाल 04 सितंबर तक

वर्तमान कुलपति प्रो० राजेश सिंह

वर्तमान कुलपति प्रो० राजेश सिंह के कार्यकाल 04 सितंबर के समाप्त हो रहल बा। एकरा के देखत नया कुलपति के नियुक्ति के प्रक्रिया जारी रहे। पिछिला दिन कुलाधिपति आ राज्यपाल अंतिम रूप से चयनित 05 अभ्यर्थियन के साक्षत्कार लेले रहली। एह साक्षत्कार में वर्तमान कुलपति सामिल रहस। उनका कार्यलाल के दौरान जहां एक ओरि डीडीयू के नैक मूल्यांकन में A++ मिलल ओहिजा छात्रन से विवाद सुर्खियन के वजह बनल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]