Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Kanpur: शहर पहुंचते कुलदीप यादव के भव्य स्वागत, बोलले- पीएम ने हमरा के कहलें… तोहरा के कुलदीप कहीं की देशदीप

1,379

Kanpur: टी-20 विश्व कप विजेता टीम के सदस्य कुलदीप यादव शुक के देर रात कानपुर अपना घरे पहुंचले। इहाँ उनकर जोरदार स्वागत कइल गइल आ ढोल- नागाड़ा बजावल गइल। हर कोई चाइनामैन के झलक देखे के आतुर लउकले।

टी-20 विश्व विजेता भारतीय टीम के सदस्य कुलदीप यादव के शुक देर रात कानपुर अपना घरे पहुंचला पs जोरदार स्वागत भइल। कुलदीप प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात के बारे में बतवलें कि उऽ कहलें कि तोहरा के कुलदीप कहीं की देशदीप। पीएम मोदी कहले कि अइसहीं खेलत रहऽ आ ट्रॉफी जीत के देश के नांव रौशन करत रहऽ।

कुलदीप बतवलें कि पीएम हमरा से कप्तान रोहित शर्मा के अपना इशारा पs नचावे के बारे में पूछलें जवना पs हम हंस के उनका से इहे कहनी कि हम खाली उनका के स्टेप बतावत रहनीं बाकिर उहो ठीक से ना कऽ सकलें। उनकर पिता राम सिंह यादव आ कोच कपिल पांडेय समेत कई साथी खिलाड़ी लखनऊ अमौसी एयरपोर्ट गइल रहलें।

रात साढ़े नौ बजे फ्लाइट लखनऊ आइल। उऽ देर रात 11:20 बजे घरे पहुंचलें। सबसे पहिले उऽ अपना कोच कपिल पांडेय के घरे गइलन। कुलदीप के आवते ढोल के ढाप पw स्वागत कइल गइल। घर में माई लाडला के आरती उतरली। बता दी कि विश्व चैंपियन बने वाली भारतीय टीम बियफे के देश लौट आइल।रोहित शर्मा के कप्तानी में भारतीय टीम दक्षिण अफ्रीका के हराकर शनिचर के टी-20 विश्व कम जीतल रहें।

884560cookie-checkKanpur: शहर पहुंचते कुलदीप यादव के भव्य स्वागत, बोलले- पीएम ने हमरा के कहलें… तोहरा के कुलदीप कहीं की देशदीप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.