[the_ad_group id="30365"]

Special News: कल्पना चावला…सायना नेहवाल.. दुनिया भर में भारत के गौरव हरियाणा के दू गो बेटी के जन्मदिन आज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Special News: कल्पना चावला…सायना नेहवाल.. दुनिया भर में भारत के गौरव हरियाणा के दू गो बेटी के जन्मदिन आज

अंतरिक्ष के ऊँचाई नापे वाली कल्पना चावला आ बैडमिंटन जगत के मुखिया सायना नेहवाल, दुनु जने अपना उपलब्धियन से वैश्विक स्तर पे आपन छाप छोड़ली आ देश में पुरस्कार ले अइली|

भारतीय इतिहास में 17 मार्च के दिन बहुत महत्वपूर्ण बा, खास तौर पे हरियाणा खातीर, काहेंकी आज के दिन ए राज्य में अयीसन दुगो बेटी के जन्म भईल, जवन कि सिर्फ अपना परिवार अउरी राज्य के ना बालुक विश्व स्तर पे पूरा देश के पुरस्कार ले आईली । ओहमें से एगो बाड़ी कल्पना चावला जिनकर जनम 17 मार्च 1961 के करनाल में भइल रहे आ ऊ अंतरिक्ष के ऊँचाई नापली आ दूसरकी बाड़ी सायना नेहवाल, जे 17 मार्च 1990 के हिसार में जनमल बैडमिंटन खिलाड़ी हई| दुनु जने अपना उपलब्धियन से वैश्विक स्तर पे आपन पहचान बना लिहली |

 

कल्पना चावला

कल्पना चावला के जनम 17 मार्च 1962 के भइल रहे। अंतरिक्ष में जाए वाली पहिला भारतीय महिला रहली। कल्पना ना खाली अंतरिक्ष के दुनिया में उपलब्धि हासिल कइली, बलुक सगरी विद्यार्थियन के आपन सपना जिए के सिखवली| भले ही 1 फरवरी 2003 के कोलंबिया स्पेस शटल के दुर्घटना से कल्पना के उड़ान बंद हो गईल रहे, लेकिन आज भी उ दुनिया खातिर एगो उदाहरण बाड़ी। उनकर बात साँच हो गइल जवना में ऊ कहले रहली कि “हमरा के खाली अंतरिक्ष खातिर बनावल गइल बा|”

 

सायना नेहवाल

सायना नेहवाल के 33वां जन्मदिन पे हमनी के बडमिंटन के खेल में उनुका सबसे बड़ उपलब्धि के बारे में बतावे जा रहल बानी जा। ठीक ओइसहीं जइसे क्रिकेट में सचिन… सचिन… सचिन… के गूंज स्टेडियम में सुनाई पड़ल। ठीक ओसही अखाड़ा में सायना… सायना… सायना… के गूंज सुनाई देला। नई दिल्ली के श्री फोर्ट कॉम्प्लेक्स में अइसने नजारा रहे जब साल 2010 के राष्ट्रमंडल खेलन में बैडमिंटन एकल में उनुकर मुकाबला मलेशिया केम्यू चू वॉन्ग से भइल रहे| पहिला दौर हारला के बाद लगातार दू गो दौर जीत के स्वर्ण पदक जीत लिहली| एकरा संगे उ राष्ट्रमंडल खेल में एकल स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीते वाली पहिला भारतीय महिला बन गईली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]