Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

200 करोड़ के ठगी के आरोपित 25 हजारी इनामी जुनैद गिरफ्तार

49

लखनऊ। करोड़ों के धोखाधड़ी के आरोप में हजरतगंज पुलिस सोमार के दिने एगो रियल एस्टेट कारोबारी के गिरफ्तार कऽ लिहलस। उ एक साल पहिले दुबई भाग गइल रहे। आरोपी पऽ 25 हजार रुपया के इनाम घोषित रहे।

पुलिस के कहनाम बा कि पांच अलग-अलग कंपनी बनल आ फ्लैट अउरी दोकान बेचे के नांव पs लोग के ठगी भइल। भदोही के गोपीगंज के नजरबाग के एगो फ्लैट से आरोपी पकड़ल गइल बा। ओकरा खिलाफ हजरतगंज समेत अवुरी थाना में 12 से जादे मामला दर्ज बा। इंस्पेक्टर हजरतगंज विक्रम सिंह के मुताबिक गिरफ्तार आरोपी जुनैद अहमद खान हवे।

आरोपी जुनैद अपना भाई के संगे पांच अलग-अलग कंपनी बनवले रुर। उ लोग के झांसा देके फ्लैट आ दोकान बेचवा के भारी रकम के पइसा अपना बैंक खाता में ट्रांसफर करावत रहे बाद में भाग जात रहे। कर्नाटक निवासी राजीव कुमार राय एक साल पहिले जुनैद अउरी ओकरा भाई सूजा आ हुनैद के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहले।

इलोरियस हिंदुस्तान इन्फ्रा डेवलपर्स प्रा.लि. निर्देशक जुनैद अहमद खान अपना भाई लोग के साथे राजीव के हजरतगंज में एगो फ्लैट देखवले रहले। 36 लाख रुपया में एह सौदा के अंतिम रूप दिहल गइल। पइसा लेहला के बाद आरोपी पीड़िता के नाम पऽ फ्लैट ट्रांसफर ना कइलस। एही तरे आरोपी बुलंदशहर निवासी खालिद मसूद से जेआरआई डेवलपर्स कंपनी बना के फ्लैट के नाम पऽ 18 लाख रुपया के धोखा देले रहले। एकरा संगे-संगे विदेश मंत्रालय से रिटायर हो गईले मो. इरफान से 55 लाख रुपया वसूललस।

जुनैद अहमद अपना कारोबार में निवेश के नाम पऽ मौलवीगंज निवासी सैयद फरहान हसन से 2.10 करोड़ रूपिया के धोखा देले रहे। फरहान इ रकम आरोपी के अपना एनआरआई भाई से लेके देले रहले। घटना के बाद जुनैद आ उनकर परिवार के सदस्य हुनैद अहमद, उमैर अहमद खान, रुबीना बेगम, इसरार अहमद, मो. ज़ीशन दुबई भाग गइल रहले। पीड़िता कैसरबाग थाना में मुकदमा दर्ज करवले रहे।

979670cookie-check200 करोड़ के ठगी के आरोपित 25 हजारी इनामी जुनैद गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.