बिहार क्राइम ब्रांच पुलिस के एक्शन, विंध्याचल के होटल से दबोचल गइले चार बदमाश

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

बिहार क्राइम ब्रांच पुलिस सोमार के रात विंध्याचल के एगो होटल से चार बदमाश के गिरफ्तार कऽ के अपना संगे ले गइल बिया। बतावल जाता कि चारो बदमाश बिहार के कवनो बड़ घटना में शामिल

Share

क्राइम: फोटो

बिहार क्राइम ब्रांच पुलिस सोमार के रात विंध्याचल के एगो होटल से चार बदमाश के गिरफ्तार कऽ के अपना संगे ले गइल बिया। बतावल जाता कि चारो बदमाश बिहार के कवनो बड़ घटना में शामिल रहले।

इ बा पूरा मामला

बिहार पुलिस आ क्राइम ब्रांच के टीम एगो अपराधी के तलाश में व्यस्त रहे, जवन कि बिहार राज्य में हत्या समेत अउरी मामला में फरार रहे। बिहार क्राइम ब्रांच के टीम के पता चलल कि बदमाश मिर्जापुर जिला के विंध्याचल में इस्थित होटल में ठहरल बाड़े। एकरा बाद सोमार के रात बिहार क्राइम ब्रांच के टीम मिर्जापुर पहुंचल।

विंध्याचल पुलिस के मदद से बिहार क्राइम ब्रांच के टीम होटल से चार अपराधी के लेके अपना संगे बिहार ले गइल। एएसपी सिटी नितेश सिंह बतवले कि बिहार क्राइम ब्रांच के टीम आइल बा। कवनो मामला में चार गो बदमाश के अपना संगे लेके चल गइल बिया।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.