[the_ad_group id="30365"]

Hardoi News: बाइक सवार छात्रा से क‌इलस छेड़छाड़, पुलिस के आरोपी के तलाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरदोई में एक ओर जहवां मिशन शक्ति अभियान जोर-जोर से चलाके महिला लोगन के सशक्त आ जागरूक क‌इल जात बा ओहीं महिला लोगन से संबंधित घटनो कम नईखे होत। हरदोई जनपद में लगातार महिला लोगन से संबंधित अपराधो के संख्या बढ़त जात बा। अबे कुछे दिन पूर्व किशोरी से दुष्कर्म के मामिला सामने आइल रहै जेमें पुलिस आरोपी के गिरफ्तार क‌s के जेल भेज दिहलस। एकरे बाद एक बेर फिर छात्रा से छेड़छाड़ के मामला सामने में आ‌इल बा।

पुलिस अधीक्षक घटना स्थल के निरीक्षण

मामिला बिलग्राम थाना क्षेत्र के हs। जहवां सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल होत बा। सीसीटीवी वीडियो एक महीना पुराना बतावत जात बा जेमें साफ़ देखल जा सकेला कि एगो स्कूल ड्रेस में छात्रा सड़क किनारे जात रहे कि तबे पीछे से बाइक सवार युवक ओकरे साथ छेड़छाड़ क‌रत बा । बाइक सवार द्वारा छात्रा के दुपट्टा खींचलस। सोशल मीडिया प‌s वीडियो के वायरल होखले के बादे जनपद में महिला सुरक्षा के लेके चलल तमाम अभियानयन के पोल खूलत नजर आवत जा।

पुलिस दिहलस जानाकारी

एs संबंध में पुलिस अधीक्षक द्वारा बीतल देर रात घटनास्थल के निरीक्षण क‌इल ग‌इल आ छात्रा के पिता से बात क‌इल ग‌इल। पुलिस अधीक्षक बतवले कि ई घटना 12 सितंबर के दोपहर के हs जेमें कुछ छात्रा स्कूल से वापस घरे जात रहली। जेमें एगो गांव के पास एगो व्यक्ति मोटरसाइकिल से आइल आ छात्रा से छेड़छाड़ क‌इलस। छात्रा के पिता बत‌वले कि उनके एs घटना के जानकारी रहे बाकिर उनकरी द्वारा पुलिस के एकर सूचना नाहीं दीहल ग‌इल रहे।पुलिस अधीक्षक छात्रा के पिता से अनुरोध क‌इले कि एs मामला में पुलिस कॆ तहरीर दे। पिता के तहरीर पs एs मामला में अभियोग पंजीकृत कs लिहल गइल। कई गो टीम के एमें लगावल ग‌ईल बा। शीघ्र ही युवकन के गिरफ्तार क‌इल जाई आ ओकरे विरुद्ध कठोर से कठोर कार्रवाई क‌इल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]