JSSC रद्द कइलस एक दर्जन परीक्षा, देखीं लिस्ट

Share

Ranchi: झारखंड उच्च न्यायालय के आदेस के बाद झारखंड कर्मचारी चयन आयोग एक दर्जन प्रतियोगी परीक्षा के विज्ञापन के रद्द कs देले बा। एह संबंध में बुध के सूचना जारी कइल गइल बा। रद्द कइला के आधार 16 दिसंबर 2022 के झारखंड उच्च न्यायालय के द्वारा जारी आदेश के बतावल गइल बा। सुचना के मोताबिक उच्च न्यायालय में रमेश हांसदा आ अन्य बनाम झारखंड राज्य आ अन्य के याचिका के कारण बतावल गइल बा। JSSC के मोताबिक जवना विज्ञापनन के रद्द कइल जा रहल बा ओकर नया सिरा से विज्ञापन जारी कइल जाई।

जानीं कवन-कवन परीक्षा बा सामिल

  • झारखंड डिप्लोमा स्तर संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा-2021
  • झारखण्ड डिप्लोमा स्तर संयुक्त प्रतियागिता परीक्षा – 2021
  • झारखण्ड प्रयोगशाला सहायक प्रतियोगिता परीक्षा- 2022
  • झारखण्ड सचिवालय आशुलिपिक प्रतियोगिता परीक्षा 2022
  • झारखण्ड सामान्य स्नातक योग्यताधारी संयुक्त प्रतियागिता परीक्षा-2021
  • झारखण्ड उत्पाद सिपाही प्रतियोगिता परीक्षा 2022
  • झारखण्ड औद्योगिक प्रशिक्षण सेवा के अलग-अलग बेवसायन में प्रशिक्षण
  • अधिकारी (आई.टी.आई. इन्सट्रक्टर) प्रतियोगिता परीक्षा- 2022
  • झारखण्ड इण्टरमीडिएट स्तर (कम्प्यूटर ज्ञान एवं कम्प्यूटर में हिन्दी
  • टंकण अहर्ता धारक पद खातिर संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा-2022
  • झारखण्ड नगरपालिका सेवा सम्वगं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा-2022
  • झारखण्ड तकनीकी, विशिष्ट योग्यताधारी स्नातक स्तरीय संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा 2022
  • झारखण्ड मेट्रिक स्तर संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा- 2022
  • स्नातकोत्तर प्रशिक्षित शिक्षक प्रतियोगिता परीक्षा- 2022

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-