सरस्वती पूजा में आर्केस्ट्रा के बदला, क्विज आ खेलन के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 28, 2023

आंदर (सीवान)/ सतीश दुबे: वर्तमान में जहाँ अधिकांश जगह सरस्वती पूजा समिति के द्वारा पूजा में आर्केस्ट्रा बजावल जाता, नाचल जाता आ सभ्यता संस्कृति के नाश कइल जाता, ओहिजे एगो गाँव कन्हौली, जवन की सिवान

Share

आंदर (सीवान)/ सतीश दुबे: वर्तमान में जहाँ अधिकांश जगह सरस्वती पूजा समिति के द्वारा पूजा में आर्केस्ट्रा बजावल जाता, नाचल जाता आ सभ्यता संस्कृति के नाश कइल जाता, ओहिजे एगो गाँव कन्हौली, जवन की सिवान जिला के आंदर बाजार के लगे बा। ओजिया सरस्वती पूजा में लइकन खातिर क्विज के आयोजन भइल। जवना से लइकन में सामान्य ज्ञान पढ़े आ सीखे के जागरूकता भइल। क्विज में दीपाली कुमारी आ आशु कुमार संयुक्त रूप से विजेता रहे लोग।

एकरा बाद अलग-अलग खेलन के आयोजन कइल गइल रहे, जवना में बिस्किट दौड़, मटका दौड़, म्यूजिकल चेयर, बोरा दौड़, सौ आ पचास मीटर रेस के संगहि स्लो साइकिल रेस भइल, जवना में पायल कुमारी विजेता बनली। उनका के एगो साइकिल पुरस्कार में मिलल, जवन कि ओहि गांव के समाज सेवी युवा शैलेष दूबे के द्वारा दिहल गइल।

ई आयोजन लायंस क्लब- कन्हौली करवलस। एह आयोजन में मुख रूप से प्रायोजक लोग में एन राज एजुकेशनल ट्रस्ट, मास्टरमाइंड स्कूल, सिवान इंश्योरेंस अड्डा, शैलेष दूबे रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.